पूर्वांचल में कांग्रेस के खेवनहार रविकिशन

10 April 2009

Sanjay, Mithun, and Ravi in Luck
संजय आ मिथुन चक्रवर्ती का साथ रविकिशन हँसी मजाक का क्षण में (फाइल फोटो)

पूर्वांचल का राजनीति में हाशिया पर चहुँप चुकल कांग्रेस पार्टी भोजपुरी फिलिमन के सुपरस्टार रवि किशन में तारनहार के छवि देख रहल बिया. रविकिशन के भोजपुरिया इलाकन में लोकप्रियता देखत कांग्रेस उनुका के कुछ खास खास इलाकन पर धेयान देबे के कहले बिया. जइसे कि लखनऊ, जहाँ से कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष रीता बहुगुणा चुनाव लड़ रहल बाड़ी. अटल बिहारी बाजपेयी के चुनाव क्षेत्र रहल लखनऊ में अबकी बार बाजपेयी जी के खराब स्वास्थ्य का चलते लालजी टण्डन के भाजपा आपन उम्मीदवार बनवले बिया. समाजवादी पार्टी पहिले त संजय दत्त के उतारे के पूरा कोशिस कइलसि बाकिर जब कोर्ट से अनुमति ना मिलल त कबो मिस इण्डिया रहल नफीसा अली के आपन उम्मीदवार बना दिहले बिया.

रवि किशन अपना चुनावी दौरा के पहिलके दिने वाराणसी, भदोही, आ मिर्जापुर में तीन गो अलग अलग जनसभा संबोधित कईलन. लहरत गर्मी का वावजूद हजारन का तादात में जुतल लोगन के मनोरंजन करत कांग्रेस के वोट देबे के निहोरा कइलन. मानल जाला कि रवि किशन बढ़िया भाषण देबेलें आ एकरा के सांच साबित करत अपना चुटीला अंदाज़ में भोजपुरी में भाषण देत कहलन कि अगर उत्तरप्रदेश के फेरु से विकास का धार में ले आवे के बा त कांग्रेस की सरकार केन्द्र आ उत्तरप्रदेश दुनू जगहा बनावे के होखी.

रविकिशन कुछ इलाकन में सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी का साथे चुनाव प्रचार में शामिल होखिहन. कांग्रेस के बहुत उम्मेद बा कि रविकिशन का प्रचार से ओकरा वोट फीसदी में इजाफा होखी.

उदय भगत 9967485359 के भेजल समाचार का आधार पर