भोजपुरी समाज के आई॰एन॰कालोनी, दिल्ली शाखा के सर्वसम्मति से चुनाव संपन्न

१९ अप्रेल का दिने त्यागराज पार्क में भोजपुरी समाज के दिल्ली आई॰एन॰कालोनी शाखा के आम सभा का बईठक में चुनाव अधिकारी श्री श्याम धर तिवारी का अध्यक्षता में भोजपुरी समाज के शाखा के पदाधिकारियन आ कार्यकारिणी के चुनाव सर्व सम्मति से कइल गइल.

श्री विनोद कुमार त्रिपाठी के अध्यक्ष, श्री सुशील कुमार मौर्या के महासचिव, आ श्री श्यामनारायण महतो के कोषाध्यक्ष चुनल गइल. श्री बनारसी त्रिपाठी सचिव बनावल गइलें त श्री देवकानंत पाण्डेय सांस्कृतिक सचिव. तीन गो उपाध्यक्ष पद पर सभेश्री रामजीत साह, राजन पाण्डेय आ शैलेश कुमार के चुनल गइल. कार्यकारिणी में सभेश्री भुपेन्द्र सिंह, रामसुमेर यादव, मुन्नीलाल, गेंदालाल मौर्य, कृष्णकुमार प्रजापति, मनीष कुमार, रामेश्वर दयाल शाक्य, नरेश कुमार मौर्य, मो॰हसमुद्दीन, अजय दूबे, दीपक श्रीवास्तव, देवांशमणि, आ गणेश ठाकुर का साथे श्रीमती सपना मिश्रा आ श्रीमती बबिता झा के सदस्य बनावल गइल.

Sushil Maurya Ramjit Sah

भोजपुरी समाज दिल्ली में रहे वाला पूर्वंचलियन के सामाजिक, साहित्यिक, आ सांस्कृतिक संस्था का रुप में काम करेला.

(फोटो परिचय : बायां तरफ सुशील कुमार मौर्य, महासचिव. फोन ‍09968103035 आ दायां तरफ रामजीत साह, उपाध्यक्ष. फोन 09968753837)