साहित्य में योगदान खातिर अभिज्ञात के मिलल कौमी एकता अवार्ड

कुछ दिन पहिले मिलल समाचार अपना व्यस्तता आ तकनीकि कारण से देर से दिहला खातिर क्षमायाचना के साथ प्रस्तुत बा.

kaumi ekta award

कोलकाता के कला मंदिर सभागार में आयोजित एगो समारोह में पिछला ९ मई के आल इंडिया कौमी एकता मंच क तरफ से प्रख्यात साहित्यकार अभिज्ञात के साहित्य रचना में उत्कृष्टता खातिर कौमी एकता अवार्ड प्रदान कइल गइल. समारोह का साथे अखिल भारतीय मुशायरा अउर कवि सम्मेलनो भइल आ तीन लोगन के सम्मानित कइल गइल. पत्रकारिता में उल्लेखनीय योगदान खातिर उर्दू अख़बार आज़ाद हिन्द के सम्पादक सईद महीलाबादी अउर चिकित्सा सेवा में उल्लेखनीय योगदान खातिर इंडियन कैंसर सासाइटी के चेयरपर्सन सुश्री स्वर्ण ओबराय के सम्माननित कइल गइल. सईद जी कुछ कारण से समारोह में उपस्थित ना हो पउलन.

भोजपुरीओ में साहित्य सेवा में लगल अभिज्ञात के छह गो हिन्दी कविता संग्रह अउर दु गो उपन्यास प्रकाशित भइल बा. उनका आकांश्रा संस्कृति सम्मान, कादम्बिनी लघु-कथा पुरस्कार पहिलहीं मिल चुकल बा. अभिज्ञात जी फिलहाल सन्मार्ग दैनिक में वरिष्ठ उप-सम्पादक बानी. एह मौका पर स्वतंत्रता सेनानी सुरेश चंद्र मैत्र और गुरुदास गाइनो के संवर्ध्दना दीहल गइल. मुशायरा आ कवि सम्मेलन में देश के विभिन्न हिस्सा से आइल नामचीन रचनाकार अपना कविताई से सबकर मन मोह लिहलन. खास कर के डॉ.कलीम कैसर (बलरामपुर), डॉ.सुरेश (लखनऊ), दिनेश दर्पण (इंदौर), तश्ना आज़मी (आज़मगढ़), सुनील कुमार तंग (सिवान), श्यामा सिंह सबा (रायबरेली), ताकीर ग़ज़ल, शिखा गाजीपुरी, नईम अख़्तर खादिमी (बुरहानपुर), कुसुम जैन आ जयकुमार रुसवा (कोलकाता) शामिल रहले.

आल इंडिया कौमी एकता मंच के महासचिव आफताब अहमद खान आरम्भ में संस्था के कामकाज क परिचय दिहलन अउर कहलन कि मंच के ओर से साम्प्रदायिक सद्भावना आ राष्ट्रीय एकता से जुड़ल सेमिनार क आयोजन, जरूरतमंद लोगन के चिकित्सा सुविधा अउर गरीब छात्रन के छात्रवृत्ति प्रदान कइल जाला.