भोजपुरी फिलिमन के टैक्स फ्री करावे आ अनुदान दवावे के मुहिम

Manoj Mishra Mihir

पूर्वाचल फिल्म विकास परिषद के अध्यक्ष आ भोजपुरी फिल्म अभिनेता आ गायक मनोज मिश्र मिहिर शनिचर का दिने बड़हलगंज में प्रेस से बात करत बतवलन कि कहा कि ऊ भोजपुरी फिलिमन के टैक्स फ्री करावे आ अनुदान दवावे के मुहिम चलइहन आ एकरा बदे आर-पार क लड़ाई लड़े के तईयार बाड़न.

बकौल मनोज मिश्र मिहिर आजुकाल्हु भोजपुरी सिनेमा क कारोबार एक हजार करोड़ रुपया हो गइल बा बाकिर एकर फायदा पूर्वांचल के नवजवानन आ कलाकारन के इचिकियो भर नइखे मिल पावत. मिहिर कहलन कि अगर गोरखपुर में फिल्म सिटी की स्थापना हो जाव आ भोजपुरी फिल्मन को अनुदान देके टैक्स फ्री कइल जाव त पूर्वाचल के कलाकारन आ फिल्मकारन के अधिका काम मिल सकी. पूर्वाचल के कलाकारन क मुम्बई ना दउड़े पड़ी. पश्चिम बंगाल, उड़ीसा, तमिलनाडु, कर्नाटक आ महाराष्ट्र के सरकार अपना क्षेत्रीय भाषा के पुष्पित और पल्लवित करत बाड़ी स आ ओहिजा क भाषा में बने वाली फिल्मन क अनुदान आ टैक्स फ्री क सुविधा देली स.

दुर्भाग्य बा कि उत्तर- प्रदेश सरकार क तरफ से भोजपुरी फिल्मन खातिर कवनो अनुदान भा टैक्स फ्री क सुविधा नइखे मिलत. एकर असर ई बा कि भोजपुरी फिल्म निर्माता हतोत्साहित बाड़े.

मिहिर चेतावनी देत कहलन कि अगर भोजपुरी फिल्मन के अनुदान आ टैक्स फ्री के सुविधा नइखे मिलत त पूर्वाचल के कलाकार आ नवजवानन के साथ ले के आपन हक के लड़ाई लड़ल जाई. एह दिशाईँ जून महीना में पूर्वाचल के कलाकारन के एगो सम्मेलन गोरखपुर में आयोजित कइल जाई आ संघर्ष क रूपरेखा बनावल जाई.

स्रोत : धर्मेन्द्र पाण्डेय, गोरखपुर.

(२४ मई २००९)