सगरी गिला शिकवा भुला के गला मिलले रविकिशन आ मनोज तिवारी

भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज के दू गो महानायक सुपर स्टार रविकिशन आ मनोज तिवारी आखिरकार सगरी गिला शिकवा भुला के रे गिले शिकवे मिटाकर एक दुसरे से गला मिलले आ आवे वाला दिन में कदम से कदम मिला के भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज क विकास खातिर काम करे के बात कहल लोग.

Manoj Tiwari and Ravi Kishan

मौका रहुवे लोकसभा चुनाव में बिहार के बेतिया संसदीय क्षेत्र से फिल्मकार प्रकाश झा आ लालू यादव के बाहुबली साला साधू यादव के हराके पहिलका हालि सांसद बनल भाजपा नेता डॉक्टर संजय जयसवाल के सम्मान के. शुक्रवार २९ मई का दिने भोजपुरी फिल्म जगत क ओर से निर्माता अभय सिन्हा के आयोजित सम्मान समारोह में रविकिशन कहालन कि अगर अबहियों हमनी का एक ना भइनी जा त भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज के भगवाने मालिक होखिहन. ऊ मनोज तिवारी से कहलन कि उनका भोजपुरी बचाओ अभियान में मनोजो तिवारी के साथ देबे के चाहीं. एह बात का जवाब में मनोजो तिवारी रविकिशन के भरोसा दिअवले कि अब उनकर चार महीना के फ़िल्मी बनवास खतम हो गइल बा आ अब ऊ आपन सारा समय भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज का विकास खातिर दिहन.

एह खुशगवार मौका पर सांसद डॉक्टर संजयो जायसवाल कहलन कि ऊ अपना मातृभाषा भोजपुरी का विकास बदे हर संभव काम करीहन आ एकरा के भाषायी मान्यता दिलवावे खातिर संसद में आवाज़ उठइहन. स्वागत समारोह में भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार रविकिशन आ मनोज तिवारी मृदुल का साथे अजय सिन्हा, दुर्गा प्रसाद मजुमदार, ब्रजेश त्रिपाठी, सुदीप पांडे, अभिनेत्री रश्मि ( दिव्या ) देसाई, मोनालिसा, गुंजन पन्त, निर्देशक असलम शेख , देव पांडे समेत बहुते गण्यमान लोग मौजूद रहुवे.


स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359