संगीत भोजपुरी के खास पेशकश में पाखी हेगडे आ निरहुआ

'प्रेम के रोग भइल' एगो लड़िका आ लड़की के प्रेम कहानी हऽ जवनन के रिश्ता लइकाइयें में तय हो गइल रहे बाकिर संजोग से दुनू बिछड़ गइलें. बाद में जब लड़िका के ई बात पता चलल त ऊ ओह लड़की के खोज लेत बा आ ओकरा के अपना संगे शादी करे खातिर राजी करा लेत बा. एह फिलिम में निरहूआ अपना अभिनय कैरियर में पहिलका बेर औरत के किरदार कइले बाड़े. फिलिम में अभिनय का साथे ऊ एह फिलिम के निर्मातो हउवन.

'प्रेम के रोग भइल' निरहुआ के होम प्रोडक्शन निरहुआ इन्टरनेशनल के बनावल पहिलका फिलिम हऽ जवना के मुख्य किरदार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ पाखी हेगडे हवे लोग.

Pakhi Hegde and  Nirahua on Sangeet Bhojpuri

संगीत भोजपुरी एही जोड़ी के इन्टरव्यु लिहले बा जवना में दुनू जने फिलिम निर्माण का दौरान अपना अनुभव के चर्चा कइले बाड़े. निरहूआ बतवलन कि मेहरारू के किरदार निभावे में उनका बहुते आनन्द आइल. एकर श्रेय ऊ फिलिम के निर्देशक फारूक सिद्दिकी के दिहले जे उनका के एह चैलेंजिग रोल करे खातिर उत्साहित कइलें. बतवलें कि फिलिम के शुटिंग करे खातिर नैनीताल, मुंबई, आ आजमगढ़ गइल लोग.

बकौल पाखी हेगडे फिलिम आज के नवजवानन खातिर कुछ खास सन्देश ले के आइल बा. ऊ सलाह दिहली कि नवजवानन के अपना शाडी बियाह का मामिला में अपना माईबाप के सलाह जरुर माने के चाहीं. पाखी के भरोसा बा कि 'प्रेम के रोग भइल' सफल फिल्म साबित होखी.

एह सब कुछ के संगीत भोजपुरी चैनल पर आ रहल खास कार्यक्रम में जरुर देखीं.

कार्यक्रम बुध ८ जुलाई का दिने दुपहरिया में एक बजे आ साँझ के साढ़े छह बजे, बियफे ९ जुलाई के रात साढ़े आठ बजे, आ शनिचर ११ जुलाई का दिने सबेरे नौ बजे देखावल जाई. देखल भुलायेम मत.


स्रोत : मीडिया वर्ल्डवाइड प्राइवेट लिमिटेड

(६ जुलाई २००९)