तोहार नइखे कवनो जोड़ के कलाकार आ फिल्मकार अइलन संगीत भोजपुरी चैनल पर

लोकप्रिय गायक पवन सिंह के भोजपुरी सिनेमा के शायद सबसे सफल तारिका रानी चटर्जी का साथ 'तोहार नइखे कवनो जोड़, तू बेजोड़ बाड़ू हो' में जोड़ी बनावल गइल बा. साथ में एगो दोसरो जोड़ी बा दिव्या द्विवेदी आ प्रेम नागवंशी के. 'तोहार नइखे कवनो जोड़, तू बेजोड़ बाड़ू हो' पूरा मनोरंजन देबे वाली फिलिम बिया जवना में रोमांटिक गाथा का साथे पारिवारिक ड्रामो बा, आ साथे में बा एक्शनो के भरपूर सीन.

Unit members of Tohar Naeekhe Kavno Jod Tu Bejod badu Ho

फिलिम में रानी आ दिव्या बहिन बनल बा लोग, रानी पारम्परिक घरेलू लड़की के किरदार कर रहल बाड़ी जबकि दिव्या कालेज जाए वाली माडर्न लड़की के. फिलिम के संगीतो मजगर आकर्षण बनल बा. एगो गाना 'चलबू का खेतवा में...' गुलाम के गीत आती क्या खण्डाला के इयाद दिआ देत बा.

भोजपुरी संगीत के पहिलका टीवी चैनल 'संगीत भोजपुरी' फिल्म के कलाकारन आ फिल्म बनावे वाली टीम के सदस्यन के इन्टरव्यू लिहले बा. पुछला पर कि एह फिलिम के विचार कइसे मन में आइल फिल्म के निर्देशक रामेश्वर मिश्रा बतवलन कि कहानी त ढेरे दिन से दिमाग में रहुवे. आ जब प्रेम नागवंशी से कहानी पर चर्चा कइलन त ऊ तुरते तइयार हो गइलन आ ओकरा बाद पाछा मुड़ के देखे के जरुरत ना पड़ल. दिव्यो द्विवेदी अपना अनुभव के चर्चा करत कहली कि एगो सीन में बरखा में भींजत एगो स्विमिंग पूल का किनारे शूटिंग बहुते कष्तदायक रहे काहे कि जाड़ा का मौसम में शूटिंग होत रहुवे. शूटिंग का दौरान उनका के भीड़ घेर लिहलसि त यूनिट के लोग केहु तरह उनका के भीड़ से बचावल.

अपना किरदार का बारे में बतावत फिलिम के नायिका रानी चटर्जी कहली कि पहिलका बेर ऊ अइसन किरदार कइले बाड़ी जे आधुनिक होखला का बावजूद परम्परा आ संस्कृति क सम्मान करे वाली लड़की हऽ. फिल्म के नायक पवन सिंह के बड़ाई करत दुनू तारिका कहली कि फिल्म में पवन सिंह के कुछ बरियार स्टंट सीन बाड़ी स जवन ऊ अपना फिल्मी कैरियर में पहिला बेर कइले बाड़न. कहल लोग कि पवन बहुते सरल इंसान हउवन. फिल्मके संगीत निर्देशक अमन श्लोक आ गायिका इन्दू सोनालिओ के इन्टरव्यू देखे के मिली एह कार्यक्रम में.

संगीत भोजपुरी टीवी चैनल पर देखावल जा रहल एह खास कार्यक्रम के समय नीचे दिहल जा रहल बा. देखल मत भुलायब!

कार्यक्रम समय:

तारीख दिन समय
16/07/09बियफे 09:00, आ 18:30 बजे
17/07/09शुक 13:00 बजे
18/07/09शनिचर 20:30 बजे
19/07/09अतवार 10:00, आ 20:30 बजे
20/07/09सोमार 11:00 बजे
21/07/09मंगल09:00, आ 16:00 बजे
22/07/09बुध 12:30 बजे
23/07/09बियफे 10:00 बजे
24/07/09शुक 12:30 बजे
25/07/09शनिचर11:00, आ 18:30 बजे

स्रोत : मीडिया वर्ल्डवाइड प्राइवेट लिमिटेड

(१६ जुलाई २००९)