सुर संग्राम का मंच पर शादी भइल

महुआ टीवी पर देखावल जा रहल रियलिटी शो सुर संग्राम के चर्चा चारो तरफ हो रहल बा. चाहे ऊ भोजपुरी इलाका होखो भा गैर भोजपुरी, हर जगहा हर वर्ग के लोग क प्यार जीत लिहले बा सुरसंग्राम. भोजपुरी गीत संगीत खातिर त ई प्रोग्राम संजीवनी बन के आइल बा.

Sur Sangram Episode on Marriage Ceremony

अब तक ले का प्रोग्राम में बे मुद्दा भा कवनो सामाजिक मुद्दा पर गीत गवनई देखावल गइल बा. अबकि देखवाल जाई शादी बियाह का थीम पर एगो असली शादी. बात हो रहल बा रीमा के जे एह प्रोग्राम में प्रतिभागी बन के आइल रहली. रीमा लव मैरिज कइले रहली दोसरा जाति का लड़िका संजीव से. एह चलते उनकर बिआह पारम्परिक तरीका से ना हो पावल रहे. दुख के बात बा कि आजु तक ले संजय के परिवार वाले रीमा के स्वीकार करे के तईयार नइखन.

Sur Sangram Episode on Marriage Ceremony

सुरसंग्राम के निर्माता तय कइले कि काहे ना रीमा के शादी बाकायदा हर रस्म का साथ रिवाज का तरह करा दिहल जाव आ बन गइल एगो एपिसोड के रूप रेखा जवना के चर्चा बरिसन ले चली. अबकी शनिचर का दिने देखावल जाए वाला एपिसोड में रीमा आ संजय वर्मा के शादी के लगन, हल्दी, मेंहदी, बारात, परिछावन, कन्यादान, सिन्दूरदान, कोहार से लेके बिदाई तक के दृश्य देखावल जाई. प्रतिभागी लोग विधि का हिसाब से आपन गाना सुनाई.

Sur Sangram Episode on Marriage Ceremony

कन्यादान के रस्म शो के निर्माता गजेन्द्र सिंह के एगो पारिवारिक मित्र कइले बाड़े. मालिनी अवस्थी गठजोड़ के रस्म कइले बाड़ी, त मनोज तिवारी रिमा के बड़ भाई के. शादी का एह एपिसोड के खास मेहमान का रूप में आइल बाड़ी दीपानारायण झा जे राष्ट्रीय पुरस्कार प्राप्त निर्माता हई आ गायक उदित नारायण झा के पत्नी. दीपा आ लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी कुछ विवाह गीत गवले बा लोग एह एपिसोड में.

Sur Sangram Episode on Marriage Ceremony

शादी का एह एपिसोड का बाद रीमा वर्मा कहली कि उनका जिनिगी के एगो सूनापन एह एपिसोड से भर गइल. महुआ टिवी हमरा जिनिगी के एगो अरमान पूरा कर दिहलसि. हमरो मन रहे कि हमार हल्दी हो, मेंहदी हो, सेनूरदान होखे आ कन्यादान आ विदाई के रस्म होखे. जब हम सेट पर से विदा होत रहली त माई का रूप मे मालिनी जी आ भाई का रूप में मनोज जी हमरा जिनिगी में नया जान डाल दिहल लोग. कहली कि ई साबित कर दिहलसि कि रियलिटी सो रउरा जिनिगी के खुशी से भर देला.

Sur Sangram Episode on Marriage Ceremony

त चलीं, तईयार हो जाई अबकी शनिचर, २९ अगस्त का दिने होखे वाला एह शादी में सपरिवार मौजूद रहे के . रउरा के समहरी नेवता बा. राउर मौजूदगी रीमा संजीव के नवविवाहित जोड़ी खातिर आशीष बन के आई.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी चैनल. फोन 09934208664 / 09967996624