आनन्द वाटिका : फ्रंटलाइन के अभिनव प्रयोग

पॉश स्कूलन में पढ़तारे गरीबन के बच्चा-बच्ची

Community meal for Anand Vatika Students

फ्रंटलाइन समूह के प्रशंसाजोग एगो नया शुरुआत में गरीब आ झोपड़पट्टी में रहे वाला लड़िका-लड़िकिन के अमीरन का स्कूल में मुफ्त में पढ़े के मौका मिल रहल बा आ उहो साथे-साथ. ओही स्कूल में फ्रंटलाइन समूह के अध्यक्ष संजय सिन्हा के अपनो बच्चा पढ़े जाले सन. एह गरीब बचवन के मुफ्त में पढ़ाई का साथ-साथ मुफ्ते में ड्रेस, किताब, नाश्ता आ ट्यूशनो दिहल जाला. एह स्कूल के नाम राखल गइल बा आनन्द वाटिका

हालही में स्कूल का सालाना जलसा का मौका पर एह लड़िकन के कलाकौशल के प्रदर्शनो भइल. मौका पर बोलत डा॰संजय सिन्हा कहले कि उनकर कंपनी एह लड़िकन के पढ़ाई के पूरा खर्चा उठा रह बिया आ कंपनी का एह कदम से सत्तर हजार परिवारन में आशा के किरण जगमगा गइल बा.

फ्रंटलाइन समूह टेलीमार्केटिंग आ सिक्योरिटी का क्षेत्र में बड़हन कंपनी त हइले हियऽ भोजपुरी संगीत आ फिलिमन का साथे भी कंपनी के बड़हन जुड़ाव बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806