राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में भाषा पर गहन चर्चा
लोकगीतन पर झूमले भोजपुरिया

भोजपुरी भाषा के मान्यता दिआवे के आंदोलन जोर पकड़त जा रहल बा. देश के करीब बीस गो महत्वपूर्ण भोजपुरी संगठन आपस में मिलजुल के एह आंदोलन को दुनिया भर में फैलावे के आह्वान कइले आ एकरा खातिर जल्दिये बाकायदा एगो एक्शन प्लान सामने ले आवे के एलान कइलें.

ई घोषणा दिल्ली में ११ अक्टूबर २००९ के भइल एगो खास भोजपुरी सम्मेलन में कइल गइल. ई सम्मेलन अनूठा प्रयोग रहुवे जवना में भोजपुरिया समाज का बारे में बाकी लोगन के धारणा बदल देवे के माद्दा रहल. राजधानी दिल्ली में भइल एह पहिलका राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में आइल लोगन में ज्यादातर लोग बुद्धिजीवी, लेखक, साहित्यकार, पत्रकार आ दोसरो पेशा से जुड़ल लोग रहुवे. भोजपुरी एसोसियेशन ऑफ इंडिया एह सम्मेलन के आयोजन दुनिया में अकेली आ नियमित भोजपुरी समाचार पत्रिका द संडे इंडियन का साथे मिल कइले रहे.

सम्मेलन क उद्घाटन करत सात राज्यन में राज्यपाल रहे के इतिहास बनावे वाला श्री भीष्म नारायण सिंह कहलें कि भोजपुरी क माटी में विद्वता बा, शक्ति बा, प्रेरणा बा, जवन हमनी के हमेशा एक-दूसरा से खाली जोड़लही ना राखे बलुक भाईचारा क संदेशो देले. राष्ट्रपिता महात्मो गांधी भोजपुरी भाषा के चुनले रहन. श्री सिंह मॉरीशस क उदाहरण देत कहलन कि दुख क बात ई बा कि दोसरा देश में त भोजपुरी के आधिकारिक भाषा क मान्यता मिल चुकल बा बाकि अपने देश में ई भाषा आजुवो अपना पहिचान खातिर संघर्ष करत बिया.

अतवार का दिने लोकनायक जयप्रकाश नारायण के 108वीं जयंती पर राजघाट स्थित गांधी स्मृति दर्शन समिति के सत्याग्रह मंडप में भोजपुरी भाषियन के एह सम्मेलन में कईगो प्रस्ताव पारित कइल गइल आ भोजपुरी के संविधान क आठवीं अनुसूची में शामिल करावे कातिर एगो विश्वव्यापी आंदोलन शुरु करे के प्रतिज्ञा लिहल गइल.

सम्मेलन में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बिहार में विकास गंगा बहावे खातिर आ जंगल राज क बदनाम छवि से उबारला खातिर लोकनायक स्मृति सम्मान से सम्मानित कइल गइल. साथ ही पूर्व राज्यपाल आ वरिष्ठ कांग्रेस नेता भीष्म नारायण सिंह के डा. राजेन्द्र प्रसाद स्मृति सम्मान, वयोवृद्ध भोजपुरी साहित्यकार आ दैनिक आज के संपादक रहल गिरिजा शंकर राय गिरिजेश का हाथे दिहल गइल. एही मौका पर सहारा इंडिया परिवार के चेयरमैन ‘सहाराश्री’ श्री सुब्रत राय ‘सहारा’ के उत्तर प्रदेश आ बिहार के भोजपुरी इलाकन के लोग के सहारा परिवार में सर्वाधिक रोजगार देबे का चलते ‘महात्मा गांधी स्मृति’ सम्मान दिहल गइल. भोजपुरी में दुनिया के पहिलका नियमित समाचार पत्रिका के प्रकाशन करके इतिहास रच देबे वाला प्लानमैन मीडिया समूह के मुख्य संपादक प्रो. अरिन्दम चौधरी के संत कबीर स्मृति सम्मान से नवाजल गइल.

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के मिलल सम्मान दिल्ली में बिहार के डिप्टी रेजिडेंट कमिश्नर कारूराम आ सहाराश्री के दिहल सम्मान ‘सहारा टाइम’ के संपादक उदय सिन्हा लिहलें. सम्मेलन में उदय सिन्हा सहाराश्री के संदेश पढ़के सुनवले. जवना में सहाराश्री कहले कि आधुनिक हिन्दी का उत्थान में दोसर भाषा आ बोलियन क साथ-साथ मैथिली, मगही, अवधी आ ब्रजभाषा का संगे भोजपुरीयो के महती योगदान बा. विस्तार आ व्यापकता का पैमाना पर भोजपुरी अग्रगण्य आ सबसे अधिक उदार भाषा हिय. एकरा उच्चारण में जवन मिठास आ माधुर्य बा ऊ हिन्दीइलाका के दोसरा कवनो भाषा-बोली में नइखे. इहे कारण बा कि सिनेमा से लेके साहित्य तक जहवां कहीं हिन्दी के इस्तेमाल होखेला ओहिजा ई सहजे स्वीकार्य हो जाले.

पद्मश्री शारदा सिन्हा का हाथे कुवंर सिंह स्मृति सम्मान से वरिष्ठ भाजपा नेता कलराज मिश्र के सम्मानित कइल गइल. जानीमानी गायिका पद्मश्री शारदा सिन्हा, गायिका मालिनी अवस्थी, फिल्मकार आ संगीतकार दुर्गा दास आदि के भोजपुरी भूषण सम्मान दिहल गइल. कार्यक्रम में अमेरिका के डलास स्थित भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ इंडिया के अंतरराष्ट्रीय अध्यक्ष शैलेश मिश्रा समेत कई गणमान्य व्यक्तिओ मौजूद रहलें. भोजपुरी एसोसिएशन आफ इंडिया के कार्यकारी निदेशक (एशिया) आ द संडे इंडियन के कार्यकारी संपादक (हिंदी व भोजपुरी) ओंकारेश्वर पांडेय कहले कि एह सम्मेलन में जुटल समाज साबित कर दिहले बा कि भोजपुरी के अब अउरी उपेक्षा ना कइल जा सके.

सम्मेलन का पहिलका सत्र में भोजपुरी-राष्ट्रीयता का सवाल विषय पर एगो संगोष्ठी आयोजित कइल गइल जवना में विषय प्रवर्तन करत एसोसियेशन के अंतर्राष्टऱीय अध्यक्ष शैलेश मिश्र देश आ दुनिया में भोजपुरी के दशा - दिशा पर प्रकाश डालत एकरा हालात में सुधार खातिर व्यापक आंदोलन शुरु करे पर बल दिहलन. मुख्य वक्ता डॉ रमाशंकर श्रीवास्तव तथा दोसरो वक्ता भोजपुरी के अब ले मान्यता ना मिल पवला पर क्षोभ व्यक्त कइलें आ कहलें कि एकरा खातिर भोजपुरी इलाकन से आवे वाला सांस्कृतिक व राजनीतिक स्तर पर सगरी पंद्रह करोड़ भोजपुरिया एकरा से जुड़ल रहें आ भोजपुरी क ओकर वाजिब हक दिआवे खातिर हरसंभव प्रयास करत रहस.

एह मौका पर अजीत दूबे कहले कि चाहे प्रदेश स्तर पर बात होखो भा राष्ट्रीय स्तर पर, भोजपुरी भाषा आज कवनो पहचान के मोहताज नइखे. आज भोजपुरी फिल्म जवना तेजी से व्यवसायिक रूप में उभरल बा ऊ अपना आप में शुभ संकेत बा. पद्मश्री शारदा सिन्हा भोजपुरी भाषा के अपन कर्म भाषा करार दिहत अपना गायिकी से उपस्थित लोगन के मंत्रमुग्ध कर दिहली. लोक गायिका मालिनी अवस्थी ने सुर छेड़ा तो दर्शक भाव विभोर हो उठलन, बाकि पियासले रह गइले काहे कि उनुका जल्दी जाये के रहुवे.

कार्यक्रम में 18 भाषाओं में गावे वाली देश के जानल पहिचानल लोकगायिका आ महुआ टीवी पर चले वाला सुपरहिट मॉर्निंग शो बिहाने बिहाने के भउजी विजया भारती अपना धमाकेदार प्रस्तुति से दर्शकन के थिरके पर मजबूर कर दिहली. बोलो जय जय बिहारी से लेके जइसन तोहरो टोपी हो दारोगा जी जइसन उनका गीतन पर दर्शक झूमत रहले.

एह मौका पर प्रो. शत्रुघ्न प्रसाद के इग्नू में भोजपुरी पाठ्यक्रम शुरु करे खातिर आ भोजपुरी के प्रचार-प्रसार आ विकास खातिर काम करे वाला दोसरो विशिष्ट व्यक्तियन के सम्मानित कइल गइल. भोजपुरी के विकास आ प्रचार-प्रसार खातिर बाबू जगजीवन राम स्मृति सम्मान से भारत में मारीशस सरकार के उच्चायुक्त मुखेश्वर चून्नी के, पुरबिया टीवी चैनल हमार समेत 5 अन्य टीवी चैनल समूह के चेयरमैन आ पूर्व केंद्रीय मंत्री श्री मतंग सिंह के वीर कुअंर सिंह सम्मान, भोजपुरी टीवी चैनल महुआ के चेयरमैन श्री पी.के. तिवारी के भिखारी ठाकुर स्मृति सम्मान, आजाद टीवी चैनल के हेड श्री अंबिका नंद सहाय तथा पाती भोजपुरी पत्रिका के संपादक श्री अशोक द्विवेदी को भिखारी ठाकुर स्मृति सम्मान प्रदान कइल गइल. भोजपुरी भूषण सम्मान से पद्मश्री शारदा सिन्हा आ भोजपुरी फिल्मन के सुपरिचित महानायक श्री कुणाल सिंह आ लोकगायिका श्रीमती मालिनी अवस्थी के, आ भोजपुरीश्री सम्मान से सुश्री अनामिका सिंह, श्री नंदन–चंदन, और महुआ टीवी के प्रसिद्ध नवोदित एंकर श्री प्रियेश कुमार के सम्मानित कइल गइल. इंडिया बुल्स के संस्थापक सदस्य रहल आ और भोजपुरी फिल्म बनावे वाला श्री कवि कुमार के भोजपुरी भूषण सम्मान दिहल गइल.

भोजपुरी की एकमात्र ट्रेड मैगजीन भोजपुरी सिटी के मुख्य संरक्षक आ फिल्म निर्माता श्री किशन खदरिया, पखावज वादक श्री दुर्गा प्रसाद मजुमदार, आ युवा वैज्ञानिक डॉ. अनिल सिंह के भोजपुरी भूषण सम्मान दिहल गइल. भोजपुरी सिने अभिनेत्री सुश्री रानी चटर्जी आ भोजपुरी में सीरियल बनावे वाला श्री अमित कुमार के भोजपुरीश्री सम्मान, दिल्ली में भोजपुरी संस्कृति के बढ़ावा देबे वाले श्री कुलजीत सिंह चहल के भोजपुरी मित्र सम्मान दिहल गइल त भोजपुरी कीर्ति सम्मान से श्री अजीत दूबे, श्री अशोक श्रीवास्तव, श्री श्रीकांत सिंह यादव, श्री शिवाजी सिंह, श्री निर्मल पाठक, श्री अश्वनी कुमार सिंह (बिहारी खबर के प्रकाशक), श्री संतोष पटेल, श्री निर्मल सिंह के नवाजल गइल.

ई शायद पहिलका मौका रहल जब कवनो भोजपुरी मंच पर एक साथ देश आ दुनिया में भोजपुरी भाषा आ संगीत के बढ़ावा देबे खास भूमिका निभावे वाली सामाजिक संस्थानन का अलावा सरकारी संस्थाननो के खास कर के सम्मानित कइल गइल. भारतीय सांस्कृतिक संबंध परिषद के महानिदेशक श्री वीरेन्द्र गुप्ता, बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के उप कुलपति प्रो. डॉ. रामपाल सिंह, मैथिली-भोजपुरी एकेडमी के सचिव डा॰ रवीन्द्र नाथ श्रीवास्तव उर्फ परिचय दास, वीर कुअंर सिंह विवि आरा के प्रो. डॉ. डीपी सिंह, उत्तर मध्य क्षेत्र सास्कृतिक केन्द्र, इलाहाबाद के निदेशक श्री आनंद वर्धन शुक्ला के भोजपुरी कीर्ति सम्मान प्रदान कइल गइल त सभागार देर तक तालियन का गड़गड़ाहट से गूंजत रहल.

श्री दिव्य ज्योति जागृति संस्थान दिल्ली के स्वामी विशालानंद के भोजपुरी मित्र सम्मान आ गोरखपुर से आइल दैनिक आज के वयोवृद्ध पूर्व संपादक गिरिजा शंकर राय गिरिजेश आ रवीन्द्र श्रीवास्तव जुगानी भाई समेत अरविन्द विद्रोही (जमशेदपुर), डॉ. आर के दूबे (बक्सर), विश्वनाथ शर्मा (छपरा), बृज मोहन प्रसाद अनाड़ी (बलिया), डॉ. जनार्दन सिंह (बलिया), श्री विशुद्धानंद (पटना), डॉ. भगवती प्रसाद द्विवेदी(पटना), श्री सतीश कुमार सिन्हा (पटना), के भोजपुरी रत्न सम्मान से सम्मानित कइल गइल.

कार्यक्रम का अंतिम सत्र में भोजपुरी क लोकगायिका पद्मश्री शारदा सिन्हा, विजया भारती, मालिनी अवस्थी, अनामिका आ टीवी कलाकार नंदन चंदन का साथे एंकर प्रियेश सिन्हो शानदार कार्यक्रम पेश कइलें. भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल तारिका रानी चटर्जी अपना अदाकारी से मन मोह लिहली. कार्यक्रम में देश के अलग अलग इलाकन से बड़हन संख्या में आइल भोजपुरिया लोग शामिल भइल. राजधानी में आयोजित भोजपुरी क ई अपना तरह के पहिलाक आ अनूठा कार्यक्रम रहे जवना में सब कुछ बेहद कल्पनाशील, शालीन आ उच्च स्तरीय रहल. सम्मेलन में आइल लोग भोजपुरी के इतिहास से वर्तमान तक के झलक देखावत शानदार प्रदर्शनी देखके दंग रह गइल. प्रदर्शनी क उद्घघाटन प्लानमैन मीडिया समूह के मुख्य संपादक आ चेयरमैन प्रो. अरिंदम चौधरी कइलन. भोजपुरिया लोगन के अपना माटी के स्वाद वाला लिट्टीओ-चोखा खूबे भावल जवना के सबकेहू छक के खाइल.

सम्मेलन में भोजपुरी एसोसियेशन ऑफ इंडिया के देश-दुनिया के भोजपुरी संगठनन का प्रतिनिधि संगठन बनावे पर सहमति भइल आ भोजपुरी भाषा के मान्यता दिआवे से लेके भोजपुरी संस्कृति के बढ़ावा देबे के, भोजपुरी के रोजगार लायक भाषा बनावे के आ भोजपुरी भाषी इलाकन में आर्थिक पिछड़ापन दूर करे खातिर महात्मा गांधी का तर्ज पर अहिंसक सत्याग्रह आ लोकनायक जयप्रकाश नारायण के संपूर्ण क्रांति का तर्ज पर व्यापक आंदोलन चलावे के आह्वान कइल गइल.