भारत आ मारीशस के साझा संस्कृति के याद करवलन मनोज तिवारी

Manoj Tiwari honoured at Mauritius

आप्रवासी दिवस पर मारीशस गइल भारतीय शिष्टमंडल में शामिल भोजपुरी के दैदीप्यमान नक्षत्र मनोज तिवारी के भरपूर स्वागत आ सम्मान कइल गइल. प्रधानमंत्री नवीन रामगुलाम आ भारत के विदेश राज्य मंत्री शशि थरुर का मौजूदगी में जब आप्रवासी घाट पर मनोज तिवारी के सनमान कइल गइलत ऊ मारीशस के लोग के भारत मारीशस के साझा संस्कृति के याद दिआ दिहलन. मनोज तिवारी मारीशस के पूरा कैबिनेट का साथे जब लंच लिहलन त पूरा मीडिया मनोज तिवारी के कार्यक्रम के लाइव टेलीकास्ट कइलस.

Manoj Tiwari show at Mauritius

मनोज तिवारी के शो आप्रवासी घाट पर भइल मुख्य कार्यक्रम का अलावे महात्मा गाँधी इंस्टीट्यूटो में आयोजित भइल. पहिला बेर कवनो भोजपुरी स्टार के सुने खातिर अतना भारी भीड़ इंस्टीट्यूट में जुटल रहे. एह मौका पर मारीशस के सांस्कृतिक मंत्री बनवारी, विदेश मंत्री गुलेल का साथे भारतो के विदेश राज्य मंत्री शशि थरुर मौजूद रहलन आ कार्यक्रम के आनन्द उठावल लोग. मनोज तिवारी अपना कार्यक्रम से लोगन के दिल जीत लिहले. उनकर एक झलक पावे खातिर सड़क का दुनू ओर लोग के भीड़ लागल रहुवे. मनोज तिवारी के फिल्मन के पोस्टर लेके लोग उनका प्रति आपन नेह देखावत रहुवे.

Manoj Tiwari with Shashi Tharur and Navin Ramgoolam

एह मौका पर भोजपुरी भाषी एसोसिएशन बनावे के एगो प्रस्ताव पास भइल. प्रधानमंत्री नवीन रामगुलाम एलान कइले कि जल्दिये भारत का साथ साझा सांस्कृतिक आ व्यापारिक समझौता पर दस्तखत होखे वाला बा. मनोज तिवारी कहलन कि आजु का मंदी का दौरो में जवना तरह से भोजपुरी भाषा, भोजपुरी फिलिमन, आ भोजपुरी संस्कृति का तरफ लोग के रुझान देखे के मिल रहल बा ओहसे दुनिया अचंभित बा. ऊ मांग कइलन कि मारीशस में भोजपुरी फिलिमन के प्रदर्शन आ एहिजा शूटिंग करे आवे वाला निर्माता लोगन के सहूलियत दिहल जाव. एह बात के मारीशस सरकार समर्थन कइलस आ कहलस कि जल्दिये एगो कमिटी बना के एकरा के मूर्त रुप दे दिहल जाई.

मनोज तिवारी कई जगहा सुरक्षा घेरा तूड़ के लोग से सीधे रुबरु भइलन. बड़ बूढ़ के गोड़ छू के प्रणाम कइलन त एगो बुजुर्ग कहलें कि गोड़ छुवे के इहे परम्परा त मारीशस में भारत के इयाद दिआवेले. एगो बुजुर्ग महिला पूछली कि बचवा अकेले काहे अइलऽ? दुलहिनिया के काहे ना ले अइलऽ? त जबाब में मनोज तिवारी वादा कइलन कि अगली बेर अइहन त जरुरे ले के अइहन. ऊ महिला आशिर्वाद देत कहली कि आवल करीहऽ, ई ना कि भुला जइहऽ.


स्रोत : मुंबई से शशिकान्त सिंह