अजय दीक्षित सम्मानित

Ajay Dixit honored गणतंत्र दिवस का पूर्व संध्या पर जनगणमन संस्था का ओर से भोजपुरी सिनेमा जगत के उभरत सितारा अजय दीक्षित के शीराजे हिन्द सम्मान से सम्मानित कइल गइल. सम्मान दिहलें उत्तर प्रदेश विधानसभा के स्पीकर माननीय सुखदेव राजभर.

एह अवसर पर कई दोसरो लोग के सम्मानित कइल गइल. शिक्षा क्षेत्र से प्रबंधक अशोक सिंह, प्राचार्य डा॰अब्दुल कादिर, प्रवक्ता मंजू, स्वास्थ्य आ चिकित्सा क्षेत्र से डा॰ लाल बहादुर सिद्धार्थ, डा॰ सुभाष सिंह, डा॰ तेज सिंह, डा॰ विनोद, डा॰ ए॰के॰सिंह, आ डा॰ अंजू, साहित्य क्षेत्र से व्यंगकार एकलव्य, कृष्णकान्त, पत्रकारिता क्षेत्र से चंदेश मिश्र, कामेश्ववर श्रीवास्तव, ओमप्रकाश सिंह, राजकुमार सिंह, राजेश श्रीवास्तव, संगीत क्षेत्र से भोजपुरी लोकगायक राकेश पाठक, पंकज सिन्हा, धीरज सिन्हा, मरकजी सीरत कमिटी के अध्यक्ष अब्दुल अहद मुन्ने, दुर्गापूजा महासमिति के अध्यक्ष निखिलेश सिंह, श्कतिपीठ मैहद देवी जौनपुर के सूर्यप्रकाश जायसवाल वगैरह के सम्मानित कइल गइल.

संस्था के अध्यक्ष असलम शेरखाँ, महासचिव डा॰ संजीव कुमार सिहं आ संयोजक शाहिद मंसूरी के एह तरह के सफल कार्यक्रम संचालन खातिर स्पीकर सुखदेव राजभर आ फिल्म निर्माता संतोष सिंह का तरफ से साधुवाद दिहल गइल.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त