रउरे मोबाइल से रउरे के फोन कर के धमकावल गरियावल जा सकेला

Ravi Kishan पिछला दिने एगो टीवी चैनल भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन के मोबाइल नम्बर हैक कर लिहलसि आ फेर उनुके नम्बर से उनुके के फोन करके अचरज में डाल दिहलस. ओकरा बाद उनके मोबाइल के फोन बुक से नंबर चोरा के उनका के फोन कइल गइल.

भइल अइसे कि समाचार चैनल न्यूज २४ साइबर क्राइम पर दू घंटा के एगो स्टोरी तइयार कइलस. ऊ बतावल चाहत रहल कि आजु का तारीख में केहू के मोबाइल नम्बर के दुरुपयोग हो सकेला. शुक का रात में चैनल रविकिशन के उनके नम्बर से फोन कइलस त ऊ चकरा गइलन, कि अइसन कइसे भइल. फेर ओकरा बाद रविकिशन का फोन पर संभावना सेठ, आ दलेरो मेंहदी के फोन आइल. बाकिर सगरी फोन ओह न्यूज चैनल का दफ्तर से कइल जात रहुवे.

एह घटना पर रविकिशन आपन प्रतिक्रिया देत कहलन कि ऊ हैरत में बाड़े कि कइसे भइल ई सब. एह तरह से त केहू केहू के बदनाम कर सकेला, कवनो नामचीन आदमी के इज्जजत नीलाम हो सकेला. आतंकी एह तरीका के इस्तेमाल से देश के तबाह कर सकेलें सँ. रविकिशन एह खुलासा खातिर पहिले त चैनल के बधाई दिहलन आ फेर अपना राजनीतिक दोस्तन के फोन कर के एह मुद्दा के संसद में उठावे के माँग कइलन.


स्रोत : उदय भगत