भोजपुरी समाज के सरस्वती पूजा

INA Colony Bhojpuri Samaj function

नयी दिल्ली के आइएनए कालोनी शाखा पिछला वसन्तपंचमी के सरस्वती पूजा के आयोजन कइलस. एह आयोजन में बचवन खातिर चित्रकारी प्रतियोगिता करावल गइल जवना में करीब सवा सौ प्रतिभागी हिस्सा लिहलन. गृहिणी लोग खातिर अंताक्षरी प्रतियोगिता भइल जवना में करीब साठ गो महिला हिस्सा लिहली. हाई स्कूल विद्यार्थियन खातिर निबन्ध प्रतियोगिता में करीब ७५ विद्यार्थी शामिल भइलें. उपर दिहल फोटो में चित्रकारी प्रतियोगिता के दृश्य बा. ओहिमें बाक्स में दिहल फोटो में दाहिने से आइएनए कालोनी भोजपुरी समाज के महासचिव एस के मौर्या, अध्यक्ष वी के त्रिपाठी, आ एयरपोर्ट अथारटी आफ इण्डिया के वरीय प्रबन्धक शेखर दिखाई दे रहल बाड़े. नीचे दिहल फोटो में अंताक्षरी प्रतियोगिता देखावल गइल बा.

INA Colony function

स्रोत : सुशील कुमार मौर्या, महासचिव, आइएनए कालोनी भोजपुरी समाज