का ई राउर रिश्तेदार लागेला?

सुरसंग्राम के बेसुरा हो जाएके अनेसा हो गइल बा. पहिले त प्रतिभागियन के कड़ा परीक्षा ले के फाइलन तक ले आइल गइल. बीच में कुछ पपलू प्रतिभागी डालल गइले. संजोग ठीक रहे कि कवनो पपलू इक्का ना बन पावल आ बहरी हो गइले सगरी पपलू. अब अश्वमेध महायज्ञ का नाम पर फेर नया नया प्रतिभागियन के डालल जा रहल बा. स्वाभाविक बा कि पहिले से फाइनल में आ चुकल यूपी के मोहन राठौर आ बिहार के आलोक कुमार के आपत्ति होखी एह सब पर आ होखहू के चाहीं.

Sur- Sangram on Mahuaa TV

काल्हु शुक का दिने गुड्डू रंगीला के सुर संग्राम के मंच दे दिहल गइल आपन छिछोरा गीत सुनावे खातिर. गजेन्द्र सिंह से पुछनी कि भाई इ का हो रहल बा त जबाब मिलल कि हर केहु के सुने के चाहीं. ता कल्लू में का खराबी बा ओकरे क ले आईं सुरसंग्राम के मंच पर. उहो त बढ़िया गावेला आ ओकरो प्रशंसक कवनो कम नइखन. जवना बात खातिर सुरसंग्राम के प्रशंसा चारो ओर होत रहल आ ओकरा नींवे पर कुदारी चला दिहल गइल बा. समुझ में नइखे आवत कि अब सुर संग्राम के प्रशंसा कवना मुँह से कइल जाव!

अब आजु का एपिसोड में आठ गो नया प्रतिभागियन के शामिल कइल गइल बा. एहलोग क चुनाव अश्वमेध महायज्ञ का नाम पर पटना आ बनारस में आडिशन करके कइल गइल. एह एपिसोड में जब अइसने एगो नया प्रतिभागी के गावे का बारे में कल्पना कुछ कहली त विशेष जज का रुप में आइल भरत शर्मा टोक दिहलें कि एह लोगन के इ पहिलका प्रस्तुति हऽ आ आलोचना का जगहा एह लोग के प्रोत्साहन दिहला क जरुरत बा. एह पर कल्पना खिसिया गइली आ कह बईठली कि का बात हऽ, ई राउर रिश्तेदार लागेले का? कहली कि उनुका का कहे क बा का ना, से दोसर केहू ना बताई, ऊ खुदे फैसला करीहें.

अब एह ले दे का बीचे कइसन सुर ताल निकली ई त देखे लायक होखी. एपिसोड त हमहूं अबले नइखीं देखले, सुनले सुनावल बात पर बतावत बानी. आ अब त आदत पड़ गइल बा हर शनिचर के नया मुकाबिला देखे के आ शुक के एक न॓ एक जने के बिदाई के. काल्हु प्रियंका के बिदाई हो गइल आ ओहमें केहू कवनो शिकायत ना कर सके. आलोक बहुत बढ़िया गवले आ प्रियंका उनुका कवनो पसंगा में ना आ पवली. अतने संतोष बा कि जात जात पाँच लाख रुपिया के इनाम लेत गइली. पता ना मोहन राठौर आ आलोक कुमार के इनाम मिल पाई कि अश्वमेध यज्ञ से आइल नया खिलाड़ी मार ले जइहें आ दुनू जने टकटकी फड़ली देखत रह जाई. आपसी कटुता के हालत इ बा कि एगो प्रतिभागी का गाना पर मोहन से राय पूछ दिहलन मनोज तिवारी त ऊ प्रतिभागी पोंछी पर खड़ा हो गइल कि मोहन के हउवन ओकरा गाना पर टिप्पणी करे वाला! वइसे बिहार से रिमझिम आ यूपी से इशा सबसे आगा निकलल बा लोग. देखल जाव कि का होत बा!

एहसे फेर याद दिला देत बानी कि आज रात देखल जन भुलाएब सुरसंग्राम के नयका एपिसोड. समय उहे बा रात साढ़े आठ बजे से.


प्रशान्त निशान्त, (जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी) से मिलल फोटो आ जानकारी का आधार पर अँजोरिया के आलेख