बड़की मलिकाइन के बहिन बनली उनकर गोतनी

Logo of Mahua TV महुआ टीवी पर धूम मचावे वाला धारावाहिक बड़की मलिकाईन के कहानी में अब नया मोड़ आवे वाला बा. काल्हु ले उनकर छोट दुलारी बहिन सरल अब उनकर गोतनी बन जइहन. बड़की मलिकाईन के देवर अमर से सरला के बियाह हो रहल बा.

Badki Malikain me shaadi बहुते दिन से चलत आ रहल अपना प्यार के सगरी पारिवारिक परेशानी झेलत अमर सरला के जोड़ी आपन बियाह सकरवा लेबे में आखिरकार सफल होइये गइल. आ अब जब छोटकी बहिन गोतनी बन के आ रहल बिया त देखे लायक होखी कि दुनु में कइसन निबह ता. भोजपुरिया समाज में कहल जाला कि दू बहिन के शादी पारिवारिक कलह के शुरूआत कर देले. का उहे एहिजो होखे जा रहल बा ?

बड़की मलिकाईन के किरदार गायिका अभिनेत्री दिपाली करत बाड़ी आ बहिन सरला क किरदार श्वेता तिवारी. नीरज पाण्डे अमर का भूमिका में बाड़न. बड़की मलिकाईन सोमार से बियफे ले रोज रात नौ बजे से शुरु होला.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त