महुआ पर दउड़े जा रहल बा लाफ्टर एक्सप्रेस

Logo of Mahua TV भोजपुरिया दर्शकन का दिलो दिमाग पर आप छाप छोड़ चुकल भोजपुरी टीवी चैनल महुआ अब ले के आ रहल बा हँसे हँसावे वाली लाफ्टर एक्सप्रेस. एह कार्यक्रम में हमनिये सब का बीच से चुनल गइल कलाकार अपना बात आ बेवहार से हमनी पर आपन मनमोहिनी वाण चलाई लोग.

Laughter Expressलाफ्टर एक्सप्रेस में भारत का आठ गो शहर से चुन के ले आइल गइल बा सोलह गो चुनिन्दा कलाकारन के जे मनोरंजन कर के हमनी के दिल जीते के पूरा कोशिश करीहें. एह स्टैन्ड अप कॉमेडी शो में आठ गो चुनिन्दा कलाकार आपन आपन हास्य अदायगी देखावल शुरु करी लोग आ हर एपिसोड में एक एक कर के नया प्रतिभागी जुड़त जइहन. साथ ही साथ हर शुक का दिने एगो प्रतिभागी के विदाई कर दिहल जाई. ३६ एपिसोड वाला एह कार्यक्रम के एंकरिंग करीहन भोजपुरी के मशहूर अदाकारा दिव्या द्विवेदी आ फैसला करे वाला जज का कुर्सी पर बइठिहन हिन्दी सिनेमा के मशहूर कलाकार संजय मिश्रा. सेलिब्रिटी जज का कुर्सी पर बारी बारी से बइठे वालन में एहसान कुरैशी, सुकील पॉल, राजन बैर, ख्याली वगरह जे हर हफ्ता बदल जाई लोग.

लाफ्टर एक्सप्रेस में पटना के सतीश कुमार आ राहुल, राँची के पंकज सिन्हा, धनबाद के संजय कुमार, कानपुर के प्रिंस आ दीपू श्रीवास्तव, बनारस के मिथिलेश तिवारी आ साहब लालधारी, लखनऊ के अबरार आ ताहिर अली, पंजाब के सीमा मोटवानी, अहमदाबाद के अरविंद, प्रतापगढ़ के अभय सिंह, भोपाल के लक्ष्मण नेपाली, आ मुंबई के अशोक मिश्रा आ शिवम प्रतिभागी चुनाइल बा लोग.

महुआ टीवी पर हर शुक आ शनिचर रात साढ़े नौ बजे से ई शो देखावल जाई.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त


महुआ टीवी के कार्यक्रम का बारे में कवनो तरह के जानकारी लेबे खातिर महुआ के कार्यालय भा प्रशान्त निशान्त से संपर्क करीं. अँजोरिया एह मामिला में राउर कवनो सहायता ना कर पाई.