डांस संग्राम में कॉमेडी के तड़का

Logo of Mahua TV महुआ टीवी पर देखावल जा रहल रियलिटी शो डांस संग्राम में एह हफ्ता डांस का साथे साथ कॉमेडियो के तड़का के आनन्द उठावे के मिली. एह हफ्ता शनिचर का रात आठ बजे डांस संग्राम का मंच पर अपना कॉमेडी अन्दाज के जलवा बिखेरे अइहन भोजपुरिया स्टार विनय आनन्द. मकसद रही रियलिटी शो गृहलक्ष्मी के एह शो का मार्फत प्रोमोट करे के. मंच पर आवते विनय आनन्द भोजपुरिया स्टाइल में दर्शकन के सलामी ठोकिहन आ फेर अपना अन्दाज में प्रतिभागियन के तारीफ कइल शुरु करीहें. एगो प्रतिभागी अमित का साथे विनय आनन्द ठुमको लगइहें.

Dinesh Lal and Vinay Anand on Dance Sangram stage

डांस संग्राम के एह एपिसोड में सगरी प्रतिभागी अपना ठुमका से नृत्य के महागुरु सरोज खान, विनय आनन्द आ दुनु टीमन के कप्तानिन श्वेता तिवारी आ संभावना सेठ के प्रभावित करे का साथ साथ हँसावहू के कोशिश करीहें. निग्रो का लुक में धमाल मचावे वाला परफारमेंस दे के अविनाश दर्शकन आ जज लोग के दिल जीत लीहें. आत्मजीत का शानदार नृत्य से उत्साहित हो के संभावना सेठ उनका के गले लगा लीहें.

सबसे आखिर में विनय आनन्द आ शो के एंकर दिनेशलाल यादव निरहुआ धमाल मचावे वाला ठुमका लगइहें. त याद बा नू डांस संग्राम के समय ? हर शुक आ शनिचर रात आठ बजे से महुआ टीवी पर.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त