बालीवुड का हिट से सजल सुर संग्राम

भोजपुरी आजु हर राज्य में टूटले फुटल ढंग से सही बाकिर बोलल आ समुझल जाए वाली भाषा बन गइल बिया आ अब एकरा के खालि यूपीये बिहार के लोग पसन्द ना करस बलुक पूरा हिन्दुस्तान में एकरा से प्यार करे वाला लोग भरल बाड़न आ ओहि श्रोता समूह के धेयान में राखत बालीवुड के फिल्म निर्माता भोजपुरी भाषा आ थीम पर आधारित गीतन के अपना फिलिमन में एक जमाना से इस्तेमाल करत आइल बाड़न. चाहे ऊ बालीवुड के बादशाह अमिताभ बच्चन होखस, गोविन्दा होखस, अक्षय कुमार, भा विशाल भारद्वाज जइसन उम्दा निर्देशक. सभे अपना फिलिमन में संस्कार आ सभ्यता परोसे के सोचले त भोजपुरी के गाना भा भोजपुरिया इलाका के कहानी इस्तेमाल कइलन.

Shrawan with Malini, and Kalpana in  Sur-Sangram on Mahuaa TV

अब एही थीम के धेयान में राखत महुआ टीवी अपना दर्शकन खातिर संगीत के लोकप्रिय रियलिटी शो सुर-संग्राम के अगिला एपिसोड बालीवुड सिनेमा के हिट भोजपुरी गीतन पर आधारित कइले बा. एह शनिचर १२ सितम्बर के रात साढ़े आठ बजे से प्रसारित होखे वाला सुरसंग्राम में हिन्दी फिलिमन में आइल भोजपुरी गीतन के प्रस्तुति होखे बाला बा. बिहार आ यूपी के प्रतिभागियन का बीच होखे वाला एह गायन प्रतियोगिता में अब तीन गो प्रतिभागी बांचल रह गइल बाड़े. उहे तीनो प्रतिभागी अपना समय में हिट रहल एह भोजपुरी गाना के प्रस्तुति करीहन.

हर एपिसोड का तरह एहू एपिसोड के शुरुआत मनोज तिवारी अपना मनमोहक अंदाज में करीहन आ अबकी विशेष अतिथि बन के अइहें नदीम श्रवण नाम से मशहूर संगीतकारन के जोड़ी में से श्रवण राठौर. ओकरा बाद शुरु सुरसंग्राम एगो प्रतिभागी सावन के महीना, पवन करे सोर, अरे बाबा सोर नहीं शोर से शुरु करीहन त दोसरका जने पेश करीहें, नैन लड़ी जइहें त मनवा में खनक होइबे करीये है मुंबई नगरिया तू देख बबुआ. त तीसरका प्रतिभागी के गीत रही पान खाये सईयां हमार. आ बात खालि प्रतिभागियने तक ना रह जाई, बलुक गायिका जज कल्पना बीड़ि जलाइले जिगर से पिया आ श्रवण राठौर फिलिम दंगल के गाना बड़ा परेशान करेला गाके माहौल के मदमस्त बनावे में कवनो कोर कसर ना छोड़िहन.

अब त सुर-संग्राम के एको एपिसोड छोड़ल पार नइखे लागे वाला काहे कि अब प्रतियोगिता अपना आखिरी दौर में चहुँपल चाहतिया. त देखल जन भुलायेम सुर संग्राम एह शनिचर रात साढ़े आठ बजे से.


स्रोत - प्रशान्त निशान्त, जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी