प्रसिद्ध निर्माता निर्देशक अशोक अरुण चललन छोटका पर्दा का ओर
झारखण्ड के लाल रांची निवासी प्रसिद्ध निर्माता निर्देशक अशोक अरुण अब छोटको परदा, मतलब टीवी चैनल, का ओर रुख कर लिहले बाड़न आ भोजपुरी के पहिलका टीवी चैनल महुआ खातिर एगो मेगा सीरियल इम्तिहान के निर्माण कर रहल बाड़े. पिछला दिने एह सीरियल के मुहुर्त मुंबई का मड आयलैण्ड में करावल गइल.
एह मौका पर खास मेहमान का तौर पर उपस्थित रहलन लोकसभा में उपसभापति आ भाजपा सांसद करिया मुण्डा आ मौजूद रहलन महुआ टीवी के बिजनेस हेड रागवेश अस्थाना, चंदन कुमार, आ प्रेम कुमार. करिया मुण्डा पारम्परिक नारियल फोड़ के कार्यक्रम के शुभारम्भ कइलन आ कहलन कि महुआ टीवी आज भोजपुरी के आवाज बन चुकल बा आ हर वर्ग के दर्शकन के पसन्दीदा चैनल. कहलन कि आशा बा कि इम्तिहान सीरियल एगो मी के पत्थर साबित होखी आ मनोरंजन का साथ साथ सामाजिक विषयनो के समाज का सोझा राखे में सफल होखी.
नियोन फिल्म्स का बैनर में बन रहल एह सीरियल के संरचना, आ निर्माण करे वाला अशोक अरुण एकरा से पहिले बिरसा मुण्डा परफीचर फिलिम बना चुकल बाड़े. बकौल अशोक शरण इम्तिहान सीरियल राजनीतिक पार्टियन आ नेता लोग द्वारा अपना फायदा खातिर निर्दोष छात्रन के इस्तेमाल पर आधारित बा.
इम्तिहान के मुख्य कलाकारन में भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अदाकारा रिंकू घोष, हिन्दी फिल्म नक्शा में खलनायक रहल दीपराज राणा, पंकज बेरी, मुस्ताक खान, उषा सिंह, गुंजन पंत, सुधांशु शरण, विशाल सिंह वगैरह के नाम लिहल जा सकेला. सीरियल के निर्देशन सुनील सिन्हा करीहन. सहनिर्माता रविकांत मिश्रा, पद्म सिंह आ दसमती चतर हउवन. संवाद लेखन आलोक रंजन के हऽ. महुआ टीवी के जनसंपर्क पदाधिकारी प्रशान्त निशान्त का मुताबिक धारावाहिक के प्रसारण जल्दिये शुरु होखे वाला बा.
स्रोत प्रशान्त निशान्त, महुआ टीवी के जनसम्पर्क सलाहकार