सुरसंग्राम के फाइनल जीत लिहलें पी के तिवारी
काल्हु पटना में सुर-संग्राम के फाइनल शो के असली विजेता निकललन महुआ टीवी चैनल के मालिक पी के तिवारी. सुर-संग्राम कई गो इतिहास बना दिहलस. भोजपुरी के ई पहिला लोकप्रिय रियलिटी शो रहल. भोजपुरी के कवनो कार्यक्रम के पहिलका बेर लाइव प्रसारण भइल आ दुनिया भर के लोग एह कार्यक्रम के देखल. पटना का गाँधी मैदान में बहुत दिन का बाद अइसनका भव्य आयोजन उमंग आ मस्ती का माहौल में संपन्न भइल. कवनो गड़बड़ी भा हंगामा ना भइल. जेतना लोग पंडाल के भीतर रहुवे ओह से कइ गुना लोग बाहर से कार्यक्रम के मजा उठावल. भोजपुरी सिनेमा के तीनो बड़ नक्षत्र कार्यक्रम के मंच पर बिना कवनो आपसी द्वन्द्व के अइलन. सब कुछ हँसी खुशी सम्पन्न हो गइल.
बिहार के आलोक कुमार आ यूपी के मोहन राठौर का बीच फाइनल मुकाबिला रहे जवना के फैसला एसएमएस वोट से होखे के बात कहल गइल रहे. विजेता के पचीस लाख आ हारे वाला के एगारह लाख मिले वाला रहुवे. हर केहू साँस रोकले इन्तजार करत रहुवे कि के जीती. कार्यक्रम के सफलता आ मस्ती भरल अंदाज में एंकरिंग करत रविकिशन शुक्ला एह बात के बार बार कह के लोग के उत्सुकता अउरी बढ़ा देत रहलें. सुर-संग्राम के सगरी महत्वपूर्ण प्रतिभागी एह कार्यक्रम के मंच पर आपन प्रस्तुति देबे अइलन आ निर्णायक मंडल के तीनो जजो लोग आपन आपन गायन कला के रंग देखावल.
बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद, रामविलास पासवान, आ बिहार के स्वास्थ्य मंत्री नन्द किशोर यादव पूरा कार्यक्रम के दौरान उपस्थित रहल. आवे के त नीतीशो कुमार रहलन बाकिर स्वास्थ्य खराब रहला का चलते ना आ पवलन. कुछ दिन पहिलहीं उनकर साइनस के आपरेशन भइल रहे. कार्यक्रम में दर्शकन के बहुत बड़ उपस्थिति रहल आ माहौल हमेशा उमंग भरल बनल रहल.
अन्तिम क्षण में विजेता के घोषणा करे खातिर जब लालू प्रसाद के मंच पर बोलावल गइल त सब केहू सांस रोक के ओह क्षन के प्रतीक्षा करे लागल जब नाम बतावल जाई. तबले महुआ टीवी चैनल के मालिक तिवारी जी कह दिहलन कि दुनू प्रतिभागियन का बीच में बहुत कम के अन्तर बा आ केहू के बड़ छोट कहल मुश्किल बा. एहसे महुआ चैनल दुनु प्रतिभागियन के पहिलका पुरस्कार के पचीस पचीस लाख रुपिया के इनाम दे रहल बिया. एकरा साथही सबे चैन के साँस लिहल आ बिहार आ यूपी का बीचे बेमतलब के प्रतिद्वन्द्विता उपजे से रह गइल. पीके तिवारी के एह घोषणा के सबे भूरि भूरि प्रशंसा कइल. आ बहुते खुशनुमा माहौल में कार्यक्रम के समापन हो गइल.
एही कार्यक्रम में मंच से रविकिशन महुआ टीवी चैनल पर एगो नया रियलिटी शो के शुरु करे के एलान कइलन. पूरा जानकारी खातिर श्वेता तिवारी के मंच पर बोलावल गइल आ ऊ बतवली कि डांस संग्राम के तीन गो जज होखिहन श्वेता तिवारी, रविकिशन, आ सरोज खान. आशा कइल जा सकेला कि एकरा के बिहार आ यूपी के बीच के संग्राम ना बनावल जाई आ इहो कार्यक्रम सुर-संग्राम का तरह सबके खुश करी.
स्रोत : अँजोरिया प्रस्तुति