महुआ चैनल पर आँचर पसरल

Raja Mukherjee

मशहूर तारिका रानी मुखर्जी के भाई आ निर्देशक राजा मुखर्जी भोजपुरी के पहिला चैनल महुआ टीवी खातिर एगो धारावाहिक आँचल के निर्माण कइले बाड़न जवन एही १४ दिसम्बर से प्रसारित होखे जा रहल बा. पिछला दिने मुंबई में एह धारावाहिक के लांचिंग पार्टी भइल जवना में टेनिस खिलाड़ी लिएन्डर पेस आ रानी मुखर्जी शामिल भइल लोग.

जे आर इन्टरटेनर्स का बैनर में बनल एह धारावाहिक आँचल के निर्माण कृष्णा मुखर्जी आ ज्योति मुखर्जी मिल के कइले बा लोग. एकर कहानी आ निर्देशन राजा मुखर्जी अपने सम्हरले बाड़न. आँचल बनल बाड़ी अभिनेत्री आरती पुरी आ उनका प्रेमी शुभम का किरदार में बाड़े भोजपुरी सिनेमा के खलनायक एयाज खान. आँचल का बड़ भाई के भूमिका मुकेश सिंह करत बाड़े आ बाकी कलाकारन में शामिल बाड़े अनुज कुमार, माया यादव, सबिता श्रीवास्तव, विभा सिंह, संजय पाण्डेय, डीपक सिन्हा, मधु भारती वगैरह.

Team of Bhojpuri serial Aanchal

अपना धारावाहिक आँचल का बारे में बतावत राजा मुखर्जी कहलन कि ई एगो अइसन युवती के कहानी बा जेकर प्यार दू गो परिवारन के दुश्मनी के भेंट चढ़ जात बा आ जब ओकर शादी केहू दोसरा से हो जात बा त सुसरारो में ओकरा पति के सुख नइखे मिल पावत. पुछला पर कि रउरा भोजपुरिये धारावाहिक काहे बनवनी, राजा मुखर्जी कहलन कि दोसरा क्षेत्रीय भाषा का तुलना में भोजपुरी हिन्दी का बहुते करीब बा एहसे भोजपुरी धारावाहिक बनावल उनका सहज लागल.

आँचल के कड़ी निर्देशक राजेन्द्र साह, पटकथा लेखक अमिताभ सिंह, आ संवाद लेखक जीतेन्द्र सुमन हउवें लोग. लांचिंग का पार्टी में महुआ टीवी के राघवेश अस्थाना खास कर के आमन्त्रित रहलें.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त