महुआ का संगे कहल जाई वेलकम 2010

Daler Menhdi

भोजपुरिया दर्शकन का दिलो दिमाग में बस चुकल महुआ टीवी नया साल का स्वागत में ले के आ रहल बा एगो मस्ती भरल साँझ जवना के नाम राखल गइल बा वेलकम २०१०. ई एगो अइसन साँझ रही जवना में ठुमका लागी, भाँगड़ा होखी, हँसी के फव्वारा निकली आ निकली दिल के छू लेबे वाली मोहक आवाज. देखते देखत कब रात हो जाई आ कब आ जाई बरिस दू हजार दस कि पते ना चली. ३१ दिसम्बर के साँझ साढ़े छह बजे से महुआ चैनल पर मनोरंजन के खजाने खोल दिहल जाई. आ एह खजाना में से निकली एक से एक नायाब मोती.

Welcome 2010 on Mahua

वेलकम २०१० का नाम से तइयार एह प्रोग्राम में दिलेर मेंहदी अपना पूरा टीम का साथ पहिला बेर भोजपुरिया अंदाज में दर्शकन के थिरकइहें. ऊ अपना खास अन्दाज में भोजपुरी के एवरग्रीन संग आरा हिले छपरा हिले बलिया हिलेला.. पेश करीहें. एकरा अलावे रुस के मशहूर बेली डांसर सूजेनो अपना नाच के जौहर बिखेरिहन. भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अदाकार मोनालिसा कई गो हिन्दी आ भोजपुरी हिट गीतन पर थिरकीहें. मशहूर स्टेज डांसर भारती आपन मनमोहक प्रस्तुति दिहन. एकरा अलावे मंच से कॉमेडी के फव्वारा छूटी जवना में लाफ्तर चैलेंह फेम कॉमेडियन कपिल शर्मा, प्रताप फर्जदार, राजन श्रीवास्तव, शीराज खान, आ जूनियर जॉनी लीवर अपना अपना अन्दाज में नयका साल के स्वागत करीहें.

Singer Alok and dancer Bharti

सबसे खास मौजूदगी रही सुर संग्राम के विजेता जोड़ी मोहन राठौर आ आलोक कुमार के जे अपना गीतन से रउरा सभे के झूमा दिहन. सुरसंग्राम में प्रतिभागी रहल छवि पाण्डे, रिमझिम पाठक, आ शिवानियो मंच से अपना अंदाज में नया साल के स्वागत करीहें. मशहूर लोकगायक सुनील छैला बिहारी के मौजूदगी एह साँझ के अउरी रंगीन बना दी.

वेलकम २०१० के एंकर रहीहें प्रियेश सिन्हा आ अदाकारा दिव्या द्विवेदी, निर्देशन अजय पाल सिंह के रही. शो के निर्माता हउवें बृजमोहन यादव, सुपरवाइजर पंकज तिवारी आ क्रिएटिव सुपरवाइजर रीतेश कुमार.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त