पिछला जनम में अघोरी रहलन रविकिशन

एनडीटीवी इमेजिन के चर्चित शो राज पिछले जनम का में शेखर सुमन, सेलिना जेतली, मोनिका बेदी, संभावना सेठ जइसन चर्चित हस्ती लोग के पिछला जनम के राज सबका सामने आ गइल बा. अब बारी बा शो के हास्ट करत भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार हस्ती रविकिशन के जिनका पिछला जिनिगी के राज चार जनवरी के खुले जा रहल बा.

Ravi Kishan चैनल पिछला दिने रविकिशन के समय का रथ पर सवार करवलसि त रविकिशन अपना के पिछला जनम में इलाहाबाद का संगम तट पर एगो अघोरी साधू का रुप में देखलन. अघोरी साधूवन के दुनिया से कवनो मतलब ना होला आ ऊ आपन अधिकतर समय शमशाने में बितावेले. रविकिशन अॡना पिछला जनम के परिवारो के देखलन. दिलचस्प बात ई रहल कि पिछलको जनम के उनकर बाप महतारी एही जनम वाला बाप महतारी रहलें. हँ उनकर बेटी रिवा जरुर पिछला जनम में उनकर बहिन रहे.

रविकिशन इहो देखलन कि ऊ आपन समाधि मनाली में बरफ से तोपाइल पहाड़ पर लिहले रहन. ई धारावाहिक आजु चार जनवरी के प्रसारित होखे जा रहल बा.


स्रोत : उदय भगत