विनय आनन्द के नया धमाका गृहलक्ष्मी

Vinay Anand भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द अब जल्दिये घरे घरे दस्तक देबे आ रहल बाड़े रियलिटी शो गृहलक्ष्मी का जरिये. भोजपुरी टीवी चैनल महुआ पर प्रसारित होखे जा रहल रियलिटी शो गृहलक्ष्मी के एंकर बाड़े विनय आनन्द. एह शो के शूटिंग मुंबई, गोरखपुर, बनारस, पटना सहित देश का कई शहरन में करावल गइल बा. शो में विनय आनन्द लोग का घरे जा के, ओह लोग का मुहल्ला में जा के गेम प्लान करीहें आ उनका साथे घरेलू महिला हिस्सा लीहें एह शो में. मजेदार गेम शो से लोग के भरपूर मजा आई.

विनय आनन्द के एह साल कई गो फिलिम रिलीज हो रहल बाड़ी सँ जवना में किसना कइलस कमाल में ऊ एगो नये लुक में लउकिहें, त जाँबाज जिगरवाला में अपना एक्शन से मोहीहें. अ७रीओ कई गो फिलिम बाड़ी सँ. पुछनी कि अतना व्यस्तता का बादो गृहलक्ष्मी खातिर समय कइसे निकलल त विनय आनन्द बतवलन कि एही बहाने भोजपुरिया घर घर में जाये के मौका मिलत रहे त छोड़ कइसे देतन ?

बतावत चलीं कि पिछला साल विनय आनन्द अभिनीत फिलिम जाड़े में बलमा प्यारा लगे बहुते बड़ हिट रहल आ बृजवा के धमाका के त पुछीं मत. चारो ओर बृजवे के चरचा बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह