गृहलक्ष्मी के प्रसारण २५ जनवरी से

logo of Mahuaa TV भोजपुरी के पहिलका मनोरंजन टीवी चैनल महुआ पर खास कर के घरेलू मेहरारूवन खातिर तइयार एगो नया अंदाज वाला रियलिटी शो गृहलक्ष्मी २५ जनवरी से प्रसारित होखल शुरु करी. समय रही सोमार से बियफे ले रोजाना रात के साढ़े सात बजे से.

Vinay Anand anchoring Grihluxmi on Mahuaa TVएह शो में मेहरारुवन के पसन्द नापसन्द से जुड़ल सवाल जवाब आ तरह तरह के खेल का माध्यम से दर्शकन के मनोरंजन होखी. शो के एंकर बनल विनय आनन्द शहर शहर जा के गृहिणियन से मिलिहन आ ओह लोग में से विजेता रही ओकरा के गृहलक्ष्मी के ताज पहिरइहन. शो के तीन हिस्सा में बाँटल गइल बा. पहिलका में खुद गृहलक्ष्मी एंकर के सवालन के जवाब दीहन. एह हिस्सा के नाम दिहल बा सगुन के पइसा. खजाना के खोज नाम के दोसरका हिस्सा में गृहलक्ष्मी अपना पूरा परिवार साथे हिस्सा लीहें आ सवाल के जवाब मिल जुल के दीहि लोग. तीसरका हिस्सा के नाम दुल्हन के रंग पिया के संग राखल गइल बा. एह भाग में गृहिणी अपना पिया का साथे हिस्सा लीहें आ खेल में शामिल होखीहें. तीनो हिस्सा मिला के जेकरा सबसे बेसी अंक रही ओकरे के ओह एपिसोड के गृहलक्ष्मी के ताज पहिरावल जाई.

साईं बाबा टेलीफिल्म्स के बनावल एह शो में पुरस्कार का रुप में एक से बढ़ के एक घरेलू उपकरण दिहल जाई. शुरुआत में बनारस आ पटना के गृहिणी वाला एपिसोड देखावल जाई. चलीं तइयार हो जाइल जाव गृहलक्ष्मी देखे खातिर.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त, महुआ टीवी के प्रचारक