डांस संग्राम में विद्या बालन के भोजपुरिया अंदाज
भोजपुरिया दर्शकन के पसन्दीदा चैनल महुआ अब बालीवुडो के कलाकारन के भोजपुरिया रंग में रंगे लागल बा आ एकर सबसे ताजा उदाहरण बा महुआ के लोकप्रिय रियलिटी शो डांस संग्राम में भोजपुरिया अंदाज में आइल अदाकारा विद्या बालन. डांस संग्राम का मंच पर विद्या बालन अइली त पहिले त दर्शकन के नमस्ते करके भोजपुरी में ओह लोग के हालचाल पुछली आ भोजपुरिया अंदाज में ठुमको लगवली. उनका अइला के एगो खास मकसद रहे भोजपुरिया दर्शकन का बीच अपना अगिला फिलिम इश्कियाँ के प्रोमोशन.
शुक के देखावल जाये वाला एपिसोड में विद्या बालन जज का कुर्सी पर बइठली जहवाँ महागुरु सरोज खान, डांसर संभावना सेठ, आ श्वेता तिवारी पहिले से मौजूद रहली. ओकरा बाद शुरू भइल डाँस के महायुद्ध जवना के बेहतरीन बारह में जगह बनावे खातिर नवो प्रतिभागी आपन प्रस्तुति दिहली. पटना के अँजलि मिश्रा फूलों की बनी गाना पर आपन मनमोहक नृत्य पेश कइली त विद्या उनका के पाकिट साइज धमाल के उपाधि दे दिहली. फेर अइली राँची के दीपू सिंह, जे भोजपुरी के सफल गाना में से एगो निरहुआ रिक्शावाला, निरहुआ रिक्शावाला पर आपन धमाकेदार प्रस्तुति दिहलें. उनका प्रस्तुति से खुश हो के विद्या निरहूआ से एह गाना पर ठुमका लगावे के कहली आ जइसहीं ऊ ठुमका लगावल शुरु कइलन विद्या अपनहू मंच पर आ गइली आ फेर तीनो जने मिल के धमाकेदार परफारमेंस दिहल लोग. पटना के एगो अउरी प्रतिभागी चाँदनी के विद्या बालन बिहार का धमाल कहली.
राँची के नृत्यांगना कोमल का दिल छु लेबे वाला प्रस्तुति से खुश हो के सरोज खान खुद मंच पर जा के कोमल के डांसिंग स्टेप सिखवली जवना से कि पूरा सेट ताली से गड़गड़ा गइल. सरोज खान कोमल के प्रस्तुति के बेहद सरहली आ कहली कि गोड़ में फ्रैक्चर का बादो ऊ जवन प्रस्तुति दे डलली ऊ निमन निमन लोग ना कर पावे.
अबकी का एपिसोड में तीन जने के बेहतरीन बारह खातिर चुनल गइल, चार जने डेंजर जोन में गइल लोग आ दू जने के हमेश हमेशा खातिर डांस संग्राम के मंच छोड़ के जाये के पड़ल. आखिर में विद्या बालन फेर मंच पर अइली आ सगरी प्रतिभागियन संग अपना फिलिम इश्कियाँ के गाना पर ठुमका लगवली. एह एपिसोड के प्रसारण शुक २९ जनवरी के कइल जाई. समय रही रात आठ बजे से.
स्रोत : प्रशान्त निशान्त