बड़की मलिकाईन के सौ एपिसोड

Deepali in and as Badki Malikayin भोजपुरिया दर्शकन के आपन पहिलका चैनल महुआ अब घर घर में जगह बना चुकल बा. दर्शकन के एकर रियलिटिये शो ना, बलुक धारावाहिको अपना ओरि खींच रहल बाड़ी सँ आ एही क्रम में सोमार से बियफे ले हर हफ्ता रात नौ बजे से प्रसारित होखे वाला धारावाहिक बड़की मलिकाईन अपना प्रसारण के सौ एपिसोड पूरा कर लिहलस.

एह धारावाहिक में एगो चंचल चुलबुली लड़की के कहानी देखावल जा रहल बा जवन अपना पारिवारिक जिम्मेदारी निबहला का साथे साथ कुछ गैर विचारी लोग से लड़त अपना परिवार के बुलन्दी पर चहुँपावे में लागल बिया. बड़की मलिकाईन का किरदार में इंडियन आयडल फेम दिपाली के अभिनय के अलग अलग इन्द्रधनुषी रंग बेहद पसन्द कइल जा रहल बा. दुर्भाग्य से विधवा हो गइल बड़की मलिकाईन से दर्शक बहुते प्रभावित बाड़े आ ओकर छाप टीआरपी चात्ट पर एकर लोकप्रियता बखूबी देखा रहल बा.

बड़की मलिकाईन में भोजपुरी परदा के मशहूर कलाकार जय तिलक आ पुष्पा वर्मो के बेमिसाल अभिनय से सजल ई धारावाहिक अपना सफलता का राह पर लगातार अग्रसर हो रहल बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त