पहिलका न्यूज चैनल हमार टीवी चालू हो गईल

एगो आउर टीवी चैनल चालू हो गईल

Kumar Sanjay Singh of Hamar TV

पिछला ७ मार्च के भोजपुरी आ पुरबिया भाषा में देश के पहिलका न्यूज चैनल हमार टीवी चालू हो गईल. खबर का दुनिया में पॉजिटिव मीडिया ग्रुप एगो जानल मानल नाम हऽ आ एहि ग्रुप के ई नया चैनल हऽ.

पॉजिटिव मीडिया ग्रुप के मैनेजिंग एडीटर कुमार संजय सिंह के कहनाम बा कि, हमनी का एगो अनोखा प्रयोग करे जा रहल बानी जा कि पूरबी उत्तर प्रदेश, बिहार, आ झारखण्ड के लगभग हर बोली भाषा में बुलेटिन प्रसारित कईल जाव. दोसरका कोशिश ई रही कि चैनल के अश्लीलता आ फूहड़पन से बचा के राखल जाव आ पुरबिया संस्कृति आ समाज के सही रूप लोगन का सामने ले आवल जाव.

पूरब के मुकम्मल चैनल का तौर पर हमार टीवी भोजपुरी, अंगिका, मगही, बज्जिका, मैथिली, नागपुरी आ खोरठा में भी न्यूज बुलेटिन प्रसारित कर रहल बा. अतने ना, एह गुलदस्ता में अवधी आ ब्रजभाषा के भी जल्दिये जोड़ दिहल जाई.

हमार टीवी के लांच करे वाली जुझारू टीम के मुखिया कुमार संजय सिंह जनसत्ता, इण्डिया टूडै, आज तक, आ एनडीटीवी में १८ साल काम कर चुकल बाड़न आ प्रिंट आ इलेक्ट्रानिक दुनू तरह का मीडिया पर उनुकर पकड़ गहिरा बा. अपना एह पकड़ के इस्तेमाल ऊ हमार टीवी, फोकस टीवी, आ एचवाई टीवी के अलगा तेवर आ पहिचान दिलावे खातिर बखूबी इस्तेमाल कइले बाड़न.

संजय सिंह का मुताबिक बाजार का दबाव में दोसरा चैनलन पर भोजपुरी का नाम पर जवन कुछ परोसल जा रहल बा तवन कवनो तरह से भोजपुरिया समाज के समृद्ध लोकसंगीत परंपरा आ संस्कार के नईखे देखा पावत. कहलन कि चैनल के चलावे खातिर ऊ दोयम दर्जा के फिलिम भा वीडियो के इस्तेमाल हरगिज ना करीहें. साफ सुथरा कार्यक्रम देखा के भोजपुरी समाज के असली स्थिति सामने चहुँपावल हमार टीवी के लक्ष्य रही.

हमार टीवी के खास बात ई रही कि ई समाचारन पर केन्द्रित रही आ बाकी समय सामाजिक राजनीतिक सवाल उठावल जाई. ग्रुप के अध्यक्ष मातंग सिंह के कहनाम बा कि हमार टीवी पाजिटिव परिवार के गुलदस्ता के अइसन फूल हऽ जवन आपन एगो अलगे खुशबू बिखेरी. इहो बतवलन कि पॉजिटिव ग्रुप जल्दिये तीन गो आउरि चैनल ले आवे का तैयारी में बा.


9 मार्च २००9 के मिलल