भउजी हो

भउजी हो!

का बबुआ ?

भोजपुरी के कुछ खासियत बतइबू ?

का बात बा ? बोलहटा नइखे मिलल का ?

कइसन बोलहटा ? केकर बोलहटा ?

चलीं छोड़ीं. रउरे पुछल बात पर आवत बानी. भोजपुरी के कई गो खासियत हऽ. पहिला केहू भोजपुरिया अपना के दोसरा से कम ना बूझे, हर अभिनेता सुपर स्टार होला, हर फिलिम सुपर डुपर हिट होले, हर वेबसाइट पहिलके होला, आ हर सम्मेलन विश्व सम्मेलन कहके बोलावल जाला.

एकरा पाछा के कारण बता सकेलू भउजी?

काहे ना? एकरा के सुपरियोरिटी काम्पलेक्स कहल जाला.

बाकिर सुपरियोरिटी काम्पलेक्स के त मनोवैज्ञानिक इन्फेरियोरिटी काम्लेक्स के चरम मानेलन.

अब ई सब हमरा नइखे मालूम.