भोजपुरी गीत गवनई - 10

Bhojpuri Songs with full transcripts

बियाह गीत त बहुते मिल सकेला बाकिर जब ई गीत मिलल त देखनी कि एके गीत में बियाह के कई गो विधि भोजपुरिया तरीका से होत देखावल गइल बा आ हर मौका के गीत एके में मिल गइल. बियाह खातिर ससुरारि का मँड़वा में आवत दुलहा, दुलहा पर टीका टिप्पणी करत घर के औरत सब, बियाह के विधि, फेर सात भाँवर घुमे के दृश्य, सेनुरदान आ आखिर में विदा होत बेटी. सुनत देखत आँखि लोर से भर गइल. रउरो सुन के देख लीं.....

गंगा किनारे मोरा गाँव फिलिम के गीत - दुलहा धीरे धीरे चलऽ

गीत के बोल एह तरे से बा...

Transcript of the song

दुलहा धीरे धीरे चलऽ ससुरारी गलियाँ
दुलहा धीरे धीरे चलऽ ससुरारी गलियाँ
दुलहा धीरे धीरे चलऽ ससुरारी गलियाँ
तोहरा सेहरा पर सोहेला अनार कलियाँ
तोहरा सेहरा पर सोहेला अनार कलियाँ
दुलहा धीरे धीरे चलऽ

अँखिया तोर निरखु रे दुलहा कजरो ना रे
अँखिया तोर निरखु रे दुलहा कजरो ना रे
मइया तोर बउराहिन बड़ हरिसहुँ ना जाने
रे दुलहा कजरो ना रे
मुहँवा तोर निरखु रे दुलहा पनवो ना रे
मुहँवा तोर निरखु रे दुलहा पनवो ना रे
मइया तोर बउराहिन बड़ हरिसहुँ ना जाने
रे दुलहा पनवो ना रे

ओरि तरे ओरि रे तरे बइठे बर रे नीशिया
ओरि तरे ओरि रे तरे बइठे बर रे नीशिया
हमरो कुसुम हो बेटी आँखि के रे पुतरिया
हमरो कुसुम हो बेटी आँखि के रे पुतरिया
दिनवा हरेलू ए बेटी भुखिया रे पियसिया
रतिया हरेलू हो बेटी ममता के रे नींदिया
रतिया हरेलू हो बेटी मईया आँखि रे नींदिया

पहिला भँवर जब घुमेली बहिनी तोहार
पहिला भँवर जब घुमेली बहिनी तोहार
दूसरा भँवर जब घुमेली सुभवा तोहार
दूसरा भँवर जब घुमेली सुभवा तोहार
लावा मिलावऽ ना मनहर भईया बहिनी तोहार
लावा मिलावऽ ना मनहर भईया बहिनी तोहार
अंगूठा धरऽ ना माधो दुलहा सुभवा तोहार
अंगूठा धरऽ ना माधो दुलहा सुभवा तोहार

बाबा बाबा पुकारेली बाबा ना बोलेली हो
बाबा बाबा पुकारेली बाबा ना बोलेली हो
बाबा के बलजोरी सेनुर वर डालेली हो
बाबा के बलजोरी सेनुर वर डालेले हो
बाबा हो धन लोभी से धनवे लुभाइ गइले हो
बाबा हो धन लोभी से धनवे लुभाइ गइले हो
धनवे के लोभी लुभाइ गइले दूर देशे बियहले हो
धनवे के लोभी लुभाइ गइले दूर देशे बियहले हो

बेटी चलली ससुरार हो छुटल अँगना दुआर
बाबा बिलखि रोवे, भईया बिलखि रोवे
बाबा बिलखि रोवे, भईया बिलखि रोवे
रोवे रे गँउवा जवार हो छूटल अँगना दुआर
बेटी चलली ससुराल