भोजपुरी गीत गवनई - 12

Bhojpuri Songs with full transcripts

पुरनका जमाना का भोजपुरी फिलिमन के गीत एगो अलगे आनन्द देत रहली सन. गाना सुनत सुनत खोज खोजत बिदेसिया के कुछ गाना भेंटा गइल. लीं ओहिमें से एगो सुनीं

मनवा मसोसे रामा जियरा कचोटे ला
जेकिन ले बिधना लिखले तवने बात होखेला

सखिया सहेलिया के पिया अलबेला
बनवारी हो
बनवारी हो हमरा के बलमा गँवार
बनवारी हो हमरा के बलमा गँवार
सखिया सहेलिया के पिया अलबेला
बनवारी हो हमरा के बलमा गँवार
बनवारी हो हमरा के बलमा गँवार

जामुन जइसन रंग पिया के
ओऽपर लाल लिबास.
जामुन जइसन रंग पिया के
ओऽपर लाल लिबास.
तवना उपर पान चबावे
तवना उपर पान चबावे
हँसे ननद अउर सास
बनवारी हो
बनवारी हो ताना मारे सगरे जवार
बनवारी हो हमरा के बलमा गँवार

टिकुली सटनी सेनुर भरनी
कइनी सब सिंगार
टिकुली सटनी सेनुर भरनी
कइनी सब सिंगार
बईठल टुकुर टुकुर ताकेला
बईठल टुकुर टुकुर ताकेला
जिया भइल अंगार
बनवारी हो
बनवारी हो जर गइल एंड़ी से कपार
बनवारी हो हमरा के बलमा गँवार

भागलपुर से फैजाबाद तक घुमनी गाँवे गाँव
भागलपुर से फैजाबाद तक घुमनी गाँवे गाँव
बागड़पन में बलमा जइसन केहू के नईखे नाँव
बनवारी हो
बनवारी हो हमरा के बलमा गँवार
बनवारी हो हमरा के बलमा गँवार