भोजपुरी गीत गवनई - 14
पुरनका जमाना का भोजपुरी फिलिमन के गीत एगो अलगे आनन्द देत रहली सन. गाना सुनत सुनत खोज खोजत लागी नाहीं छूटे रामा फिलिम के गीत - जा जा रे सुगना जा रे भेंटा गइल.
जा जा रे सुगना जा रे
कहि दे सजनवा से
लागी नाहीं छूटे रामा
चाहे जिया जाय.
भइली आवारा सजनी
पुछि लऽ पवनवा से
लागी नाहीं छूटे रामा
चाहे जिया जाय.
दिया रोज हार जाला
संग संग जलि के.
दिया रोज हार जाला
संग संग जलि के.
चन्दवा भी थाकि जाला
मोरा संग चल के.
तड़पिले रात दिन
कवना रे जमनवा से.
लागी नाहीं छूटे रामा
चाहे जिया जाय.
जा जा रे सुगना जा रे
कहि दे सजनवा से
लागी नाहीं छूटे रामा
चाहे जिया जाय
मटिया मिलल जाला
सोना के जवनिआ.
मटिया मिलल जाला
सोना के जवनिआ.
अँसुआ में डूब गइल
सारी जिन्दगनिया.
भूईयां गिरेला कजरा
बहिके नयनवा से.
लागी नाहीं छूटे रामा
चाहे जिया जाय.
जा जा रे सुगना जा रे
कहि दे सजनवा से
लागी नाहीं छूटे रामा
चाहे जिया जाय.