भोजपुरी गीत गवनई - 9

Bhojpuri Songs with full transcripts

कई साल पहिले के बात रहे जब बलम परदेसिया आइल रहे. एकर सभे गीत खूब चलल रहली सन. ओह दिन गाना खोजत खोजत जब गोरकी पतरकी रे भेंटा गइल त एकरा के एहिजा शामिल करे में देर ना लगवनी. लीं आजु रऊवो सुनि लीं...

गाना के शब्द सुन के लिखे में कतना मेहनत लागेला, ई जाने के होखे त कवनो गाना के लिख के देखलीं, मालूम पड़ जाई. अब रउरे बता सकीलें कि हमार इ मेहनत कामे आ रहल बा कि खाली गाना जोड़ दिहला से काम चलि जाई.

राउर फैसला सिर माथे रहेला. आजुवे चिट्ठी लिख भेजीं.

Transcript of the song :

गोरकी पतरकी रे
होऽ ऽ ओ ऽ ए हो ऽ ऽ
छँवड़ी पतरकी रे
मारे गुलेलवा
जियरा उड़ि उड़ि जाय.
गोरकी पतरकी रे
मारे गुलेलवा
जियरा उड़ि उड़ि जाय.
सँईया सँवरका रे,
हो हो ऐ होऽऽऽ
सँईया सँवरका रे,
तोरी नजरिया जिया में गड़ि गड़ि जाय.
सँईया सँवरका रे,
तोरी नजरिया जिया में गड़ि गड़ि जाय.

गोरिया खेतवा के आरी
काहे मारे गजब सिसिकारी
गोरिया खेतवा के आरी
काहे मारे गजब सिसिकारी
थरथर काँपे रे जियरा
होऽ ओऽ
थरथर काँपे रे जियरा
चले हमरा करेजवा आरी.
नाजुक देहिया लचके जइसे
बउरल अमवा के डारी
हो सुन तोरी बोलिया रे
हो ऽ ओऽ ऐ होऽऽऽ
सुन तोरी बोलिया रे
खुलि के झुलनिया भुईयाँ गिरी गिरी जाय.
गोरकी पतरकी रे
मारे गुलेलवा
जियरा उड़ि उड़ि जाय.

सजि के साँझे बिहनवा
काहे डोले रे आगे पीछे
सजि के साँझे बिहनवा
काहे डोले रे आगे पीछे.
कबसे तरसे परनवा
कबसे तरसे परनवा
‍जाने कब तोरा मनवा पसीजे
हो जानीले हम तोहरा जियरा
काहे हम पर भींजे
कि हाय गुलबदनिया रे
हो ऽ ओऽ ऐ हो ऽ ऽ
हाय गुलबदनिया रे
तोहरा नखरवा दिन दिन बढ़ि बढ़ि जाय
सँईया सँवरका रे
तोरी नजरिया जिया में गड़ि गड़ि जाय.

बँहिया में आवऽ सिमटि के अब लाज शरम बिसरा दऽ
बँहिया में आवऽ सिमटि के अब लाज शरम बिसरा दऽ
मँगिया भरि के सेनुरवा
होऽ मँगिया भरि के सेनुरवा
पिया पहिले सोहागिन बना दऽ
तोहरे कारन सुलगे मनवा
तोहरे कारन सुलगे मनवा
तूँही अगिया बुझा दऽ
हो मोरे सुगनवा रे
होऽ ओ ऽ ऐ हो ऽ ऽ
मोरे सुगनवा रे
तोहसे लिपटि के मयना मरि मरि जाय.
गोरकी पतरकी रे
मारे गुलेलवा
जियरा उड़ी उड़ी जाय.
हो सँईया सँवरका रे
तोरी नजरिया जिया में गड़ि गड़ि जाय.