अन्ना हजारे के अनशन नइखे होखे दिहल चाहत सरकार

by | Jul 30, 2011 | 0 comments

केन्द्र सरकार शासन आ प्रशासन में अन्तर बतावत प्रशासन का सहयोग से अन्ना हजारे के अनशन पर रोक लगावल चाहत बिया. सरकार के जोकपाल बिल के रद्दी के टोकरी में फेंके लायक बतावे वाला अन्ना हजारे एह मुद्दा पर १६ अगस्त से दिल्ली का जंतर मंतर पर आमरण अनशन करे के एलान कइले बाड़े आ एह खातिर दिल्ली पुलिस से औपचारिक अनुमति माँगल गइल बा. दिल्ली पुलिस के कहना बा कि चूंकि ओह समय संसद के अधिवेशन होखे वाला से बहुते संगठन आन्दोलन आ रैली के सूचना दिहले बाड़न. अइसन में कवनो एगो संगठन भा गुट के पूरा जंतर मंतर कब्जियावे के अनुमति ना दिहल जा सके. हँ एक दिन के अनशन के अनुमति दिहल जा सकेला बशर्ते ओकरा खातिर दू हजार से बेसी लोग ना जुटे.

अन्ना हजारे के सहयोगियन के कहना बा कि ओह हालत में अन्ना जंतर मंतर पर अनशन करीहें आ गिरफ्तारी दीहें. बाकी समर्थकन से कहल जाई कि दोसरा जगहा आपन गिरफ्तारी देव लोग. संसद के एह सत्र का समय कांग्रेस के पासा उलटा पड़ल जात बा. भठियारन के जेल भेजियो के ओकरा वाहवाही नइखे मिलत उलटे अन्ना का चलते कांग्रेस के छवि भठियारन के बचावे आ ओकनी के सहायता देबे वाला दल के रुप में बनल जात बा. कांग्रेस कर्नाटक मसला आ येदियुरप्पा के चरचा कर के भाजपा के कठघरा में खड़ा कइल चाहत रहुवे. उहो अब संभव नइखे लागत.

उलटे कांग्रेस के मुसीबत बढ़ गइल बा काहे कि दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षितो पर लोकायुक्त सवाल उठा चुकल बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up