नेट पर भोजपुरी गीत गवनई छितराइल बा. ओकर लिंक एक जगहा बिटोरल सभका ला नीक रही. एहसे अगर रउरा यू ट्यूब पर मौजूद कवनो वीडियो के लिंक एहिजा जुड़वावल चाहतानी त लिख भेजीं. राउर आग्रह वाला गीत जब जुड़ी त ओकरा साथे राउरो नाम दिहल जाई.
हँ, ओह गीत का बारे में अधिका से अधिका जानकारी दे सकीं त अउर बढ़िया. जइसे कि के गवले बा, संगीत केकर ह, फिल्मी ह कि गैर फिल्मी, फिल्मी ह त कवना फिलिम के गीत ह वगैरह वगैरह.