उत्तर प्रदेश के खबर

by | Sep 27, 2011 | 0 comments

(सोमार 26 सितम्बर)

  • मायावती सरकार पर भाजपा 3,000 हजार करोड़ रुपये के विद्युत विक्रय घोटाला के आरोप लगावत लोकायुक्त से मामिला के जांच करे के मांग कइलसि.
  • चंदौली जिला में सोमार का दिने आरटीओ के सिपाही घूस ना देबे वाला एगो ट्रक ड्राइवर के पीट के मुआ दिहले. पुलिस परिवहन विभाग के चार कर्मचारियन का खिलाफ गैर इरादतन हत्या के मामिला दर्ज कर लिहले बिया.
  • इलाहाबाद जिला के एगो सरकारी स्कूल के प्रधानाचार्य के बीमार बच्चियन के कपड़ा उतरवावे का आरोप में पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. प्रधानाचार्य के निलम्बित कर दिहल गइल बा.
  • गोरखपुर के गोरखनाथ मंदिर परिसर में अतवार रात पटाखा से भइल विस्फोट का बाद सांसद योगी आदित्यनाथ मंदिर के सुरक्षा व्यवस्था पर सवाल उठवले बाड़न.
  • कहावत ह कि शनि एगारह मंगल तीन, रवि के बरखा आठो दिन. शनिचर से शुरु बरखा पूर्वांचल में आफत मचा के रख दिहले बिया. अबहियो कुछ दिन ले बरखा होखे के अनेसा बा. काल्हु जगहे जगहे रेल पटरी पर पानी भर गइला का चलते मुगलसराय बनारस से गुजरे वाली ट्रेन घंटनो लेट चलत बाड़ी सँ.
  • इंसेफलाइटिस, भठियरपन आ विकास के मुद्दा ले के आजु गोरखपुर में भाजपा आ कई गो दोसर संगठन गोरखपुर बंद के गोहार लगवले रहले जवना चलते आजु गोरखपुर में बंद के पूरा असर देखल गइल. बाकिर कतहीं से कवनो अप्रिय घटना घटे के समाचार नइखे. शहर में सांसद योगी आदित्यनाथ का नेतृत्व में एगो जुलूसो निकालल गइल.
  • बसपा से विधायकन के निकाले के सिलसिला आजुओ चालू रहल. आजु मेरठ से बसपा विधायक हाजी याकूब कुरैशी के निलंबित कर दिहल गइल. पार्टी अगिला चुनाव में नया चेहरा ले आवे खातिर ई सब कर रहल बिया.
  • एकात्म मानववाद के प्रवर्तक पंडित दीनदयाल उपाध्याय के जयन्ती काल्हु प्रदेश में कई जगहा मनावल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up