उत्तर प्रदेश के खबर

by | Dec 28, 2011 | 0 comments

(मंगल, 27 दिसंबर)

  • विधान सभा चुनाव के मद्दे नजर राज्य के सगरी शराब उत्पादक, ठेकेदार आ विक्रेता से रोज के उत्पादन आ बिक्री के आंकड़ा ले के आबकारी विभाग के वेबसाइट पर डालल जरूरी कर दिहल गइल बा. सगरी होर्डिंग आ बैनर के हटावे उतारे के काम शुरू कर दिहल गइल बा.
  • भाजपा आ जदयू के बीच सीट संख्या पर एकराय ना बन पवला का चलते बातचीत टूट गइल बा. जदयू नेता शरद यादव कहले बाड़न कि या त जदयू यूपी में चुनाव ना लड़ी या राज्य ईकाई का राय से अगिला फैसला ली. भाजपा जदयू के बाइस गो सीट देबे के तइयार बिया जबकि जदयू बेसी सीट माँगत बिया.
  • बसपा सरकार में मंत्री रहल बाबू सिंह कुशवाहा आ अनन्त मिश्रा के नई दिल्ली में सीबीआई मुख्यालय पर बोलवा के पूछताछ शुरू कर दिहल गइल बा. पूछताछ बुधो का दिन जारी रही.
  • उत्तर प्रदेश सरकार विधानसभा चुनाव से पहिले निकाय चुनाव ना करावे के अपना योजना में त सफल हो गइल बिया बाकिर निर्वाचन आयोग के बूझात नइखे कि निकाय चुनाव करावल कब जाव काहे कि फरवरी में विधानसभा चुनाव के घोषणा हो गइल बा आ मार्च में बोर्ड के परीक्षा होखे जात बा.
  • समाजवादी पार्टी अब अपना उम्मीदवारन में अउरी फेर बदल ना करी. सपा साफ कर दिहलसि कि जवन हो गइल तवन हो गइल. अब बस !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up