चांदीवली में ‘देवरा भईल दीवाना’

by | Oct 29, 2013 | 0 comments

Sanjay-Manoj-DBDशूटिंग रिपोर्ट
चांदीवली स्टूडियो, साकी नाका, मुंबई में राजकुमार पांडेय के नइकी फिलिम ‘देवरा भईल दीवाना’ के शूटिंग रफ्तार में रहल. भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी पहिला हाली राजकुमार पांडेय के फिलिम में काम करत रहले. हालांकि राजकुमार ढेर दिन से मनोज संगे काम कइल चाहत रहले बाकिर सुतारे ना बइठत रहे. अब जा के एह फिलिम से उ इच्छा पूरा भड़ल बा.

त शूटिंग का दिने बड़हन भीड़ जुटल रहे. फिलिम का एह सीन में मनोज के छोट भाई चिंटू (प्रदीप पांडे) पर खलनायक अवधेश मिश्रा तलवार से वार करही वाला रहले कि अपना भाई पर जान देबे के तइयार बड़का भाई आन खड़ा होखत बा. एही द्वन्द्व में सीन बढ़ऽता. मनोज तिवारी के तेवर देखते बनत रहे. अवधेशो मिश्रा के खीस रंग लिहले रहल.

दोसरका सीन में बूड़बक बताह जइसन चरित्र वाला हलकट पांडे बनल संजय पांडे अपना छोट भाई विकास संगे आपन कमाल देखावत रहले. गोपाल राय आ आलोको यादव मौजूद रहले.

एह फिलिम में बृजेशो त्रिपाठी के मजगर भूमिका बा आ नायिका बनल बाड़ी पाखी हेगड़े. आ चिंटू के नायिका बाड़ी काजल राघवानी. ‘देवरा भईल दीवाना’ के ई क्लाईमेक्स सीन रहुवे.

राजकुमार पांडेय का नज़र में आज के टूटत पारिवारिक रिश्तन के दौर में सौतेला भाई खातिर एक गोड़े ठाढ़ रहे वाला भाई भगवाने जस बावे. एह फिलिम में भाई-भाई, देवर-भउजाई आ मरद मेहरारू के रिश्तो के आपन अलग अलग रंग, मेल मिलाप देखावल गइल बा.

राजकुमार पांडेय के एह फिलिम में जहाँ मनोज तिवारी पहिलाबेर काम करत बाड़े त संजय पांडे संगे राजकुमार के ई बारहवीं फिलिम ह.

आजु का शेड्यूल से पहिले मनोज-पाखी पर रसियन विला में अनेके सीन फिल्मावल गइल रहे.

फिलिम छठ पूजा का समय रिलीज करे के योजना बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
(नोट – हमरा एके इमेल पर पोस्ट भेजल करीं एक से अधिका इमेल पर भेजला से परेशानी होखत बा. आ दुनु आदमी अलग अलग मेल मत भेजल करीं.)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

रहिमन वो नर मर चुके ..... रहीम जी के एगो दोहा हऽ कि - रहिमन वो नर मर चुके जो कहूं मांगन जाय, उनके पहिले वो मुए जिन मुख निकसत नाहिं. बहुत शर्म का साथ कहे के पड़त बा कि हम ओह समाज से कुछ मांगल चहनी जवन कि ऊ देइए ना सकत रहे. करोड़ों भोजपुरियन में से लाख ना त हजार ना त कुछ सौ लोग त जरुरे रहल होखी जे अंजोरिया पर आइल होखी. भामाशाह बने के निहोरो पढ़ले होखी. कुल 13 गो लोग अइसन मिलल जे भामाशाह बने के दयाशीलता देखा सकल. आजु हम एह योजना के बन्द करे के एलान करत बानीं. ना चाहीं रउरा सभे से कवनो तरह के कवनो सहजोग. लिखनिहार के रचना ना चाहीं, पढ़निहारन के कमेंटो के जरुरत नइखे. आजु से अंजोरिया पर भोजपुरी के कवनो रचना भा एकरा से जुड़ल कवनो खबर प्रकाशित ना कइल जाई. स्वांत सुखाय लिखेनी, लिखत रहब. बाकिर अब से भोजपुरी में ना लिखब. अलविदा भोजपुरी ! भोजपुरी अमर रहे !
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up