जब तक पूरे ना हों फेरे सात तब तक बबुनी नहीं बबुआ की

by | May 1, 2024 | 0 comments

राजश्री प्रोडक्शन के मशहूर फिलिम नदिया के पार कहल त गइल हिन्दी सिनेमा बाकिर कथ्य से लगाइत कथन ले एहमें भोजपुरी इलाका के सोन्ह सुगन्ध भरपूर बावे आ एकरा के भोरपुरिए के फिलिम मान लीहला में कवनो गलती ना होखी.

सवाल बा कि आजु अतना बरीसन बाद एह फिलिम के इयाद काहे आ गइल त एकरा एगो गीत के मुखड़ा हमरा सबले सटीक लागल आजु के लेख के मथैला डाले जोग.

भइल ई बा कि हिन्दी में कानून आ अदालतन से जुड़ल खबर देबे वाली वेबसाइट बार&बेंच पर आजु एगो खबर छपल बा कि जबले सात गो फेरा ना लीहल गइल होखे आ हिन्दू विधि-विधान से वेवाहिक समारोह ना भइल होखे तबले ओह विवाह के हिन्दू विवाह अधिनियम का तहत विवाह ना मानल जा सके.

कुछ नवही लोग आधुनिकता का दोड़ में शादी-बिआह के नौटंकी बतावत आसान राह खोज लिहले रहल. ई लोग कवनो संस्था से अपना बिआह के प्रमाणपत्र ले लेत रहुवे आ ओकरे आधार पर अपना बिआह के पंजीकृत करा लेत रहुवे. बाकिर अदालत के कहना बा कि अतने से काम ना चली आ वैवाहिक समारोह बिना भइल बिआह के हिन्दू विवाह मानले ना जा सके. भोज-भात, बैण्ड-बाजा-बारात त करहीं के पड़ी.

जस्टिस बीवी नागरत्ना अउर ऑगस्टीन जॉर्ज मसीह के खंडपीठ के आदेश में कहल गइल बा कि बिना समारोह भइल बिआह हिन्दू बिआह मानले ना जा सकी. अगर बाद में कवनो विवाद होखी त ओह समारोह भइला के सुबूत देखावे के पड़ी.

अदालत एही आधार पर अपना सोझा आइल तलाक, भरण-पोषण अउर आपराधिक कार्यवाही के रद्द कर दिहलसि. ई जोड़ा हिंदू रीति-रिवाज का मुताबिक बिआह ना कइले रहुवे आ एगो वैदिक जनकल्याण समिति से “विवाह प्रमाणपत्र” हासिल कर के उत्तर प्रदेश विवाह पंजीकरण नियम, 2017 का तहत “विवाह के पंजीकरण का प्रमाण पत्र” ले लिहले रहुवे. अदालत एहू पर आपन नाराजगी जतवले बिया कि बेसमारोह भइल अइसन बिआहन के पंजीकरण कइसे हो जात बा.
अदातल कहलसि कि हिंदू विवाह के एगो पवित्र चरित्र हवे आ ई दू बेकत के आजीवन, गरिमा-पुष्ट, समान, सहमतिपूर्ण अउर स्वस्थ मिलन करावेला.

अदालत आपन बात अउरी साफ करत कहलसि कि बिअह गावे-नाचे, भोज-भात, पिए-पिआवे के मौका नौ होले. बिआह का नाम पर दहेज लिहलो-दीहल अपराध होलो. हिन्दू बिआह कवनो वाणिज्यिक लेनदेन ना होला. आ ई विवाह भारतीय समाज के एगो बुनियादी इकाई हवे.

अतना भूमिका पसरला का बादो अगर हम नदिया के पार के ऊ गाना ना सुनाईं जवना के मथैला बना के रउरा के ई सभ पढ़वनी त ई रउरा साथे अन्याय होखीय लीं अब गनवा सुन लीं जवना में रेघरियावल गइल बा कि जबले पूरे ना हों फेरे सात तब तक बबुनी नहीं बबुआ की –

चलत-चलत एगो सवाल कि खबर आ गीत-गवनई के ई फ्यूजन कइल रउरा कइसन लागत बा. एह तरह के फ्यूजन अबहीं ले हम कतहीं नइखीं देखले. अब ई फैशन बने लागे त हमरा अचरज ना होखी. आ एगो निहोरो कि एकरा के अपना सोशल समूहन पर साझा कर दीहल करीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up