टटका खबर, बियफे, वैशाख अंजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

by | May 20, 2021 | 0 comments

भाजपा अपना समर्थकन के राय के अनसुनी ना करे एकर सबले ताजा नमूना देखे के मिलल जब हिन्दू विरोधी आ मोदी के कटु आलोचक रहल दिनेश मनेसर का साथे खेला हो गइल. पहिले उत्तराखंड सरकार मनेसर के मीडिया सलाहकार बनावे के फैसला कइलसि. सुनते सोशल मीडिया पर भाजपा समर्थक एह फैसला का छीछालेदर कइल शुरु कर दिहलें बाकिर एनडी़टीवी के पत्रकार मनेसर के अतना भरोसा रहुवे कि सरकार आपन फैसला ना बदली कि ऊ आपन सगरी ट्वीट डिलीट कर दिहलें. आ पद सम्हारे के तइयारी में लाग गइलें. अब काल्हु उत्तराखंड सरकार मनेसर के नियुक्ति के फैसला रद्द कर दिहलसि त आपन झेंप लुकावल मनेसर कहत बाडें कि ऊ अपनही मना कर दिहलें पद सकारे से. अगर उनुकर ई कहल सही बा त इहो बता देस कि आपन पुरनका ट्वीट सब डिलीट काहे कर दिहलें.

दिल्ली हाई कोर्ट में एगो योचिका पर सुनवाई करत केन्द्र सरकार आ भारत बायोटेक के नोटिस भेजले बावे. याचिका में बचवन पर टीका के क्लीनीकल ट्रायल रोके के माँग कइल गइल बा. जान जाईं कि विदेशी दवा कंपनियां आ देश विरोधी ताकत नइखी चाहत सँ कि देश कोरोना से निपटे में सफल हो जाव आ एही चलते एहिजा बनल टीका के रोके के हर कोशिश कइल जा रहल बा.

पश्चिम बंगाल में गिरफ्तार मंत्रियन फिरहाद हकीम आ सुब्रत मुखर्जी. विधायक मदन मित्रा, आ कोलकाता के मेयर रहल सोवन चटर्जी के काल्हुओ राहत ना मिल सकल काहे कि अदालत में एह लोग के जमानत के गोहार पर बहस अबहीं जारी बा. जाने जोग इहो बा कि तृणमूल के कवनो लोकल वकील ना मिलल त बहिरागत वकील के सेवा लेबे के पड़ल बा. एह लोग के पैरवी अदालत में कांग्रेस के बड़का नेता आ अधिवक्ता अभिषेक मनु सिंघवी कर रहल बाड़ें जे एक समय बहुते चर्चित हो गइल रहलें.
सुने में आवत बा कि सीबीआई एह नारदा स्टिंग मामिला के राज्य से बाहर ले जाए के कोशिश करत बिया.

राजस्थान में कांग्रेस पार्टी के बडहन नेता आ विधायक हेमाराम चौधरी विधानसभा से आपन इस्तीफा दे दिहले बाड़न. एकरा बाद से राजनीतिक सरगरमी बढ़ गइल बा.

राष्ट्रीय जनता दल आ बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव पटना के अपना सरकारी आवास में कुछ बेड लगवा के, एगो टेबल कुर्सी आ दू गो आक्सीजन सिलिण्डर राखत दावा कइलन कि ऊ कोविड केयर सेंटर बनवले बाड़न आ सरकार से कहले बाड़न कि एकरा के अपना लेव आ एहिजा मरीज राखल शुरु कर देव. बिहार सरकार के चाहीं कि ऊ पूरा आवास के खाली करवा के ओकरा के कोविड केयर केन्द्र बना देव.

सारण जिला के रिविलगंज इलाका के नबीगंज बिन्दटोली के एगो नवही के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल बा. परिवार के कहना बा कि ओकर एगो दोस्त ओकरा के घर से बोला के ले गइल रहुवे.

कौशांबी जिला के सिराथू में एगो आदमी के लाश ओकरा कोठरी में खटिया का नीचे पड़ल बरामद भइल बा. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया. एगो दोसर खबर बा कि शीतला धाम कड़ा कोतवाली इलाका में एगो पांटून पुल में फंसल लाश के पुलिस बाहर निकलवा के ओकर अंतिम संस्कार करवलसि. लागत बा कि ई पुरान लाश कहीं से बहत आइल होखी आ पांटून पुल में फँस गइल होखी.

बस्ती जिला के कप्तानगंज इलाका के करचोलिया सिवान गाँव के सास पतोहु के गरदन काट के हत्या करे के कोशिश कइलें कुछ अज्ञात अपराधी. सास के मौत त ओहिजे हो गइल बाकिर पतोहू अब तब का हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ी.

जौनपुर जिला के पवारा इलाका में नहर से बरामद बोरा में भर के फेंकल लाश का मामिला के पर्दाफाश करत पुलिस ओह आदमी के मेहरारु आ ओकरा आशिक के गिरफ्तार कर लिहलसि. पुलिस ओकनी का लगे से हत्या में इस्तेमाल कइल चाकू, रस्सी वगैरह बरामद कइले बिया.

काल्हु अंदाज के हिसाबे से चलल बिकवाली से देश के शेयर बाजारन में गिरावट दर्ज कइल गइल. गिरावट के दौर आजुओ जारी रहे के अनेसा बा कि काहे कि विदेशी बाजारन आ सिंगापुर शेयर बाजार में निफ्टी फ्यूचर गिरावट का साथे खुलल बा. काल्हु रुपयो अमेरिकी डॉलर का मुकाबले 13 पइसा गिर गइल.

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड बीसबीसा विश्व कप के आयोजन पर चरचा करे ला 29 मई के आपात विशेष आम बइठक बोलवले बा जवना के कोविड का चलते ऑनलाइल करावल जाई.

इजरायली वायु सेना उत्तरी गाजा पट्टी पर आपन हमला काल्हुओ जारी रखलसि आ आतंकी संगठन हमास के तकनीकी विभाग कार्यालय के बम से उड़ा दिहलसि. ओने मजहबी मामिलन में फिलिस्तीनी राष्ट्रपति के सलाहकार महमूद अल-हब्बाश के कहना बा कि अगर इजरायली हमला ना रुकल त दुनिया में मुस्लिम आ गैर मुस्लिम युद्ध शुरु हो जाए के अनेसा बा.

ताइवान जलडमरूमध्य से गुजरत अमेरिकी नौसेना के विध्वंसक जहाज से चिंतित चीन सरकार एह पर आपन विरोध दर्ज करवले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up