टटका खबर, 4 मार्च 2018, अतवार

by | Mar 5, 2018 | 0 comments


राज्यसभा चुनाव में जेटली के मैदान में उतार सकेले भाजपा
लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) संख्या बल का लिहाज से भारतीय जनता पार्टी खातिर बहुते खास होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में केन्द्रीय मंत्री अरूण जेटली के अलावा राज्य के कुछ अउरियो कद्दावर नेतन का नाम पर सोच विचार हो रहल बा.

यूपी से राज्यसभा के दस गो सीट पर चुनाव के अधिसूचना काल्हु सोमार का दिने जारी होखी आ जरूरी भइल त 23 मार्च के चुनाव करा लीहल जाई. अगर उमीदवार दसे गो रहीहें त सभे निर्विरोध चुना जइहें.

भाजपा गोल के संभावित उम्मीदवारन में पिछला विधानसभा चुनाव हार चुकल आ गोल के प्रदेश अध्यक्ष रहल लक्ष्मी कांत बाजपेई के नाम सबले ऊपर बा. इहो देखे के बा कि मशहूर फायर ब्रांड नेता विनय कटियार के फेरु राज्यसभा जाए के मौका भाजपा देत बिया कि ना. एह बीचे सगरी गोलन में गुटबाजी जोर पकड़े लागल बा.


हम के असली कार्यकर्ता अबहियों राजग का साथ : नरेंद्र
पटना 04 मार्च (वार्ता). राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) से नाता तूड़ के राजद का साथे गठबंधन में शामिल होखे के हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जीतन राम मांझी के फैसला के अदूरदर्शी आ अलोकतांत्रिक बतावल कार्यकारिणी सदस्य नरेन्द्र सिंह के कहना बा कि हम गोल के असली कार्यकर्ता अबहियों राजग का साथे बाड़ें.
बिहार में मंत्री रहल आ हम कार्यकारिणी के सदस्य नरेन्द्र सिंह पटना में बोलावल संवादादता सम्मेलन में कहलन कि जीतन मांझी आपन फैसला करे से पहिले गोल के कवनो बड़का पदाधिकारी भा कार्यकारिणी सदस्य से राय विचार ना कइलन.
दोसरा तरफ राजग में अबहियों मौजूद राष्ट्रीय लोक समता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेन्द्र कुशवाहा के कहना बा कि जीतन माँझी के अलगा भइला के असर ज होखहीं के बा. हालांकि एगो सवालका जवाब में इहो कहलन कि राजद से रालोसपा के गठबंधन होखे के संभावना के बाति एकदमे बेबुनियाद बा. एकर कवनो सवाले नइखे उठत.


बलिया में सड़क हादसन में चार जने के मौत, चार जने घवाहिल
बलिया 04 मार्च (वार्ता). बलिया जाला के रसड़ा कोतवाली इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में कार से जात रसड़ा नगरपालिका के वार्ड नम्बर बीस के बनिया बांध निवासी मेदांती देवी, कलावती देवी, आ कार चालक धनंजय के ठाँवे पर मौत हो गइल जबकि सोनी आ शालिनी का साथही मोटरसाइकिल सवार मनोज आ प्रेम बहादुर घवाहिल हो गइलें. कार सवार लोग गाजीपुर के अमवा के सती माई के दर्शन-पूजन क के सवटत रहल जब मुडेरा गांव का लगे एगो मोटरसाइकिल से टकरइला का बाद कार सड़क पर पलट गइल.
एगो दोसरा हादसा में सुखपुरा इलाका के सुखपुरा बेरुआरबारी सड़क पर बाजार से घरे जात कुम्हिया गांव के 60 बरीस उमिर के शांति उपाध्याय के एगो मोटरसाइकिल वाला धक्का मार दिहलसि. घवाहिल शांति के अस्पताल ले गइला पर डॉक्टर उनुका के मरल घोषित क दिहले.


शराब पीके नाचत प्रखंड प्रमुख गिरफ्तार
भभुआ 04 मार्च (वार्ता) कैमूर जिला के दुर्गावती इलाका के डिडिखली बाजार में शराब पीके नाचत दुर्गावती प्रखंड के प्रमुख धर्मेंद्र गुप्ता के पुलिस मौके पर से गिरफ्तार कर लिहलसि.
बतावल जात बा कि धर्मेंद्र गुप्ता दुरका हाली शराब पीए का मामिला में धराइल बाड़न.


उपचुनाव में सपा प्रत्याशियन के समर्थन दिहलसि बसपा
गोरखपुर 04 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ फूलपुर संसदीय क्षेत्रन में होखत उपचुनाव में बसपा एलान क दिहलसि कि ओकर समर्थन सपा उम्मीदवारन के रही जेहसे भाजपा के हरावल जा सके.
एह पर भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष महेन्द्र नाथ पान्डेय पत्रकारन के सम्बोधित करत कहलन कि बसपा सुप्रीमो मायावती ऊ दिन भुला गइली जब लखनऊ गेस्ट हाउस में भाजपा उनुकर जान बचवले रहुवे. कहलन कि सपा के समर्थन दे के मायावती आपन गिरत लोकप्रियता के अउरी गिरा दिहली. पिछला लोकसभा चुनाव में एको सीट ना जात पावे वाली बसपा घबरा गइल बिया. दलित समाजो जाल गइल बा कि मायावती दलित के बेटी ना हो के दौलत के बेटी हई.


अगिला दू बरीस में पांच लाख नवहियन के नौकरी देबे के एलान कइनी योगी जी
इलाहाबाद,04 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नवाबगंज इलाका में फूलपुर उपचुनाव में पार्टी प्रत्याशी कौशलेन्द्र सिंह पटेल के समर्थन में बोलावल एगो जनसभा के संबोधित करत कहनी कि उनुकर सरकार अगिला दू बरीस में पांच लाख नवहियन के रोजगार देबे वाली बिया. आ लखनऊ के इन्वेस्टर्स समिट में मिलल सफलता से प्रदेश के 25 लाख नवहियन ला रोजगार के दरवाजा खुल गइल बा. कहनी कि जइसे त्रिपुरा में बँवारा गोलन के लाल रंग ढह गइल ओही तरह यूपी में समाजवादीओ गोल के लाल टोपी के अंत हो जाई.


देवरिया में बाबा साहब के मूर्ति फेरु लगा दीहल गइल
देवरिया, 04 मार्च (वार्ता). देवरिया के रामपुर कारखाना इलाका के पकड़ी बुजुर्ग गाँव में होली का दिने अनेरियन के तूड़ल बाबा साहब अम्बेडकर के मूर्ति का जगहा आजु पुलिस नया मूर्ति लगवा दिहलसि. मूर्ति तूड़े वालन का खिलाफ मामिला दर्ज क के पुलिस ओह लोग के गिरफ्तार करे ला खोजत बिया.


बस्ती में घरेलू विवाद में बाप बेटा फांसी लगा लिहलें
बस्ती 04 मार्च (वार्ता) बस्ती जिला के पैकोलिया इलाका में घरेलू विवाद का चलते जोकहा गांव के बंशीधर पाण्डेय आ उनुकर बेटा सुनील पाण्डेय फांसी लगा के जान दे दिहलें. लाश के पोस्टमार्टम ला भेज के पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.


फतेहपुर अटवां हाल्ट टीसन के सुंदरीकरण के शुरुआत
गाजीपुर 04 मार्च (वार्ता) रेल राज्य मंत्री आ दूरसंचार मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) मनोज सिन्हा आजु गाजीपुर जिला के फतेहपुर अटवां हाल्ट टीसन के सुंदरीकरण करे के उद्घाटन बटन दबा के कइलन.
एह मौका पर रेल राज्य मंत्री कहलन कि कई रेल मार्गन के दोहरीकरण के काम तेजी से चलत बा. वाराणसी छपरा रेलखंड पर एही महीना से इलेक्ट्रिक ट्रेन चलल शुरू हो जाई. कहलन कि जल्दिए हवाईओ अड्डा के शिलान्यास होखे वाला बा.


गोरखपुर में ट्रेन से कटा के नवही के मौत
गोरखपुर 04 मार्च (वार्ता). गोरखपुर के चिलुआताल इलाका के चिउटहा गांव के 30 बरीस उमिर के अमर गोंड़ रेलवे लाइन पार करत घरी कवनो ट्रेन का चपेटा में आ के कटा गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल. बतावल जोत बा कि ओकर दिमागी हालत ठीक ना रहत रहुवे.


भदोही में पुलिस का नाक का नीचे से लाखन के चोरी
भदोही 04 मार्च (वार्ता). भदोही शहर कोतवाली इलाका में कस्बा पुलिस चौकी से कुछेके डेग पर रहल मर्यादपट्टी के नीरज के गहना दुकान में सेंह मारि के करीब आठ किलो चांदी के गहना चोरो लीहल गइल बा. पुलिस दुकान में लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज से अपराधियन के चिन्हे के कोशिश करत बिया. होली का चलते दू दिन से दुकान बंद रहुवे. आजु सबेरे देखल गइल कि दुकान के देवार में सेन्ह लगावल गइल बा.


श्री श्री के अयोध्या आए पर रोक लगावे के माँग कइलन डा. राम विलास वेदान्ती
गोरखपुर 04 मार्च (वार्ता). भाजपा सांसद रह चुकल आ श्री राम जन्मभूमि न्यास से जुड़ल डा. राम विलास वेदान्ती आजु यूपी सरकार से माँग कइलन कि श्री श्री रविशंकर के अयोध्या आवे पर रोक लगावल जाव. दिल्ली जाए से पहिले पत्रकारन से बतियावत डा़ वेदान्ती के कहना बा कि श्री श्री के अयोध्या मामिला से कवनो लेना देना नइखे. आ उनुका दखल के आन्दोलन से जुड़ल कवनो आदमी नइखे सकारे वाला.


बस्ती के चीनी मिलन से 37 करोड़ रूपिया के वसूली होखी
बस्ती 04 मार्च (वार्ता). बस्ती जिला के दू गो चीनी मिलन पर गन्ना के दाम आ कमीशन के बकाया 37 करोड़ रूपिया वसूलल जाई. गन्ना आयुक्त संजय भूसरेड्डी जिला प्रशासन से दुनु मिलन का खिलाफ आरसी जारी करे के निर्देश दिहले बाड़न. गोविन्द शुगर लिमिटेड वाल्टरगंज पर 27 करोड़ 58 लाख 85 हजार रूपिया आ बन्द पड़ल बस्ती शुगर मिल्स कम्पनी लिमिटेड पर दू करोड़ 35 लाख 66 हजार रूपिया बकाया बा. एह बकाया पर सूद ऊपर से बाकी बा.


सिद्धार्थनगर में फर्जी आधार कार्ड बनावे वाला गिरोह के तीन जने गिरफ्तार
सिद्धार्थनगर 04 मार्च (वार्ता) सिद्धार्थनगर के त्रिलोकपुर इलाका के चंदन जोत गांव में शिविर लगाके फर्जी पहचान पत्र का मदद से फर्जी आधार कार्ड बनावत तीन गो आदमी – जहाँगीर, इलियास, आ शिवम – के गिरफ्तार क के पुलिस ओहनी से कम्प्यूटर, प्रिंटर आ फिंगर स्कैनिंग मशीन वगैरह बरामदकइले बिया. तीनो डुमरियागंज इलाका के हउवें सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up