देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 2, 2011 | 0 comments

(शनिचर, 1 अक्टूबर)
देश

  • सीबीआई एह बात का खिलाफ बिया कि ओकरा से भ्रष्टाचार निरोधी शाखा अलग कर के लोकपाल के दायरे में कर दिहल जाव बाकिर ऊ एह बाति खातिर जरूर तइयार बिया कि पूरा सीबीआई के लोकपाल के दायरा में राख दिहल जाव.
  • राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बईठका का बाद भाजपा कहले बिया कि प्रधानमंत्री समस्या से निपटे में भरोसा करे लायक नइखन रहि गइल आ संप्रग सरकार अपने विरोधाभासन से गिर जाई. एहसे भाजपा कार्यकर्ता मधयावढ़ि चुनाव खातिर तइयार रहसु.
  • आरबीआई का लगे ले चहुँप गइल जाली नोट. अपना कार्यालय में 192 गो जाली भारतीय नोट मिलला का बाद रिजर्व बैंक पुलिस में शिकायत दर्ज करवले बा.
  • केन्द्र सरकार के कहना बा कि तेलंगाना राज्य के मुद्दा सलटावे खातिर ओकरा अउरी समय चाहीं. एह बीच दबाव बनावे खातिर प्रदेश के एगो अउरी मंत्री आपन इस्तीफा दे दिहले.
  • बांग्लादेश के भूमि हस्तांतरण कइला पर चिंता जतावत भाजपा कहले बिया कि एह समझौता के दस्तावेज संसद में पेश कइल जाव.
  • देश के पहिलका दुमंजिला रेलगाड़ी के परिचालन काल्हु धनबाद आ हावड़ा के बीच शुरू हो गइल.
  • मुंबई के एगो विशेष अदालत कहलसि कि हसन अली पर मकोका लगावे के संभावना खोजल जाव.
  • मध्यप्रदेश के टीकमगढ़ में जवना मकान में विस्फोट भइल रहे ओहिजा सेना के बम राखल रहुवे. पुलिस ओह जगहा से सेना के दू गो अउरी बम बरामद कर के ओकनी के बेकाम बना दिहलसि.
  • सर्वोच्च न्यायालय के कहना बा कि मतदाता सूची में नाम होखला से केहू के किरायदार होखे के अधिकार ना मिल सके. एहसे बस अतने पता चलेला कि कवनो खास समय में ऊ ओहिजा रहत रहे.
  • सुधीन्द्र कुलकर्णी के कहना बा कि वोट खातिर नोट मामिला में उनुका के गवाह बनावल जाव आरोपी ना.
  • जेल में बंद डीएमके सांसद कनिमोझी आ कलैगनार टीवी के प्रमुख शरद कुमार विशेष अदालत से कहलन कि उनुका के 2जी घोटाला में आपराधिक विश्वासघात अउर साजिश के आरोपी ना बनावल जा सके काहे कि ऊ लोग कवनो तरह से स्पेक्ट्रम के कवनो गलत आवंटन से नइखन जुड़ल.
  • गुजरात के निलंबित पुलिस अधिकारी आ गिरफ्तार संजीव भट्ट के जान के खतरा बतावत बाड़ी उनुकर पत्नी श्वेता भट्ट.
  • भारतीय नौसेना गोवा तट से 600 से 700 समुद्री मील दूर तीन गो धो (मस्तूप वाला जहाज) अउर कुछ छोटहन नौका पर नजर लगवले बा काहे कि अनेसा बा कि ई समुद्री डाकूअन के हो सकेला.
  • सुब्रह्मण्यम स्वामी कहले बाड़न कि ओ सोनिया के दामाद राहुल वाड्रा का खिलाफ भठियरपन के सुबूत जुटावे में लागल बाड़न.

दुनिया के खबर

  • अफगानिस्तान के राष्ट्रपति रहल बुरहानुद्दीन रब्बानी के हत्या के साजिश पाकिस्तान में रचल गइल रहे अइसनका दावा अफगान सुरक्षा एजेंसी कइले बिया.
  • सिडनी में एगो छोट हवाई जहाज विमान झूला से टकरा के ओहमें अझुरा गइल. बाद में क्रेन मँगा के सभका के सही सलामत निकाल गइल.
  • पेंटागन अमेरिकी सेना के पादरियन के समलैंगिक बिआह करे के अनुमति दे दिहले बा बशर्ते ओह राज्य के कानून एकर इजाजत देत होखे.
  • ईरान के दक्खिनी हिस्सा में हीलियम गैस कर बड़हन भंडार मिलल बा.
  • पाकिस्तान में कक्षा 10 के परीक्षा में माथ पर रहल एगो छात्रा का साथे लाहौर में सामूहिक बलात्कार कइल गइल.
  • इंडोनेशिया में विमान दुर्घटना में सगरी 18 यात्रियन के मौत हो गइल.
  • अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा के कहना बा कि यमन में आतंकवादी अनवर अल-अवलाकी के मरइला से आतंकवादी संगठन अलकायदा के कड़ेर झटका लागल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • मारुति-सुजुकी के कामगारन के तैंतीस दिन पुरान हड़ताल काल्हु खतम हो गइल.
  • निराशो माहौल में वाहन उद्योग बढ़िया संख्या में वाहन बेच लिहलसि. सितम्बर में एह में बढ़ोतरी दर्ज भइल बा.
  • जीपीटी हेल्थकेयर त्रिपुरा के राजधानी अगरतला में 250 बिस्तर वाला मल्टी सुपर स्पेशियलिटी अस्पताल चालू कइले बा.
  • टाटा मोटर्स की बिक्री सितम्बर में 22 फीसदी अधिका रहल. ह्युंडई आपन बिक्री 12.4 फीसदी बेसी बतावत बिया. बाकिर मारूति सुजुकी के बिक्री में करीब इकइस फीसदी कमी आइल बा. जनरल मोटर्स के बिक्री में सत्रह फीसदी से बेसी के बढ़ोतरी भइल बा.
  • पिछला हफ्ता देश के विदेशी पूंजी भंडार में 4.05 अरब डॉलर के गिरावट आइल बा.
  • देश के सबसे बड़ा बैंक भारतीय स्टेट बैंक के सर्वर में शनिचर के आइल खराबी का चलते बैंक के कम्प्यूटर प्रणाली खराब हो गइल. आजु अतवार के, दू अक्टूबर के छूट्टी का बावजूद, पूरा देश में स्टेट बैंक के शाखा खुलल रहीहें सँ.
  • पाँच साल ले दुनिया के सबले ताकतवर महिला मानल जात इन्दिरा नूयी के एह साल दुसरका नंबर पर राखल गइल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • एक तरफ निहिता विश्वास शोभराज भारतीय टीवी शो बिगबॉस में शामिल होखे वाली पहिलका नेपाली बनिहन त दोसरा तरफ जेल में बंद उनुकर पति चार्ल्स शोभराज अपना रिहाई खातिर यूरोपीय संसद से सम्पर्क साधे में लागल बाड़न.
  • निर्देशक नीरव घोष के फिल्म ‘साउंडट्रैक’ अब सात अक्टूबर के रिलीज होखी काहे कि एह दौरान फिल्म के नायिका सोहा अली खान के पिता मंसूर अली खान पटौदी के इंतकाल हो गइल बा.

खेल के खबर

  • शनिचर के भइल चैम्पियंस लीग के मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स डकवर्थ लुईस प्रणाली का सहारे दक्षिण अफ्रीका के वॉरियर्स टीम के 22 रन से हरा के आपन दुसरका जीत हासिल कइलसि.
  • विश्व मुक्केबाजी चैम्पियनशिप में भारत के विजेंदर पहिलके दौर में बाहर भइलन.
  • एक महीना बाद अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट में अपना वापसी का बारे में सोचीहें शाहिद अफरीदी.
  • शुक का दिने बरखा का चलते मुम्बई इंडियंस आ केप कोबराज टीम के बीच के मैच रद्द घोषित कर दिहल गइल काहे कि कोबराज अपना खेल के शुरूआतो ना कर पवले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up