- एह साल होखे वाला लोकसभा चुनाव खातिर अपना उम्मीदवारन के पहिला सूची भाजपा महाशिवरात्रि का दिने जारी क दिहलसि. एह सूची में चउवन उम्मीदवारन के नाम बा. अध्यक्ष रहल नितिन गड़करी नागपुर से आ वरिष्ठ नेता गोपीनाथ मुंडे बीड से चुनाव लड़ीहें. एह सूची में महाराष्ट्र आ पश्चिम बंगाल की 17, ओडिशा के छह, जम्मू कश्मीर से पांच, हिमाचल प्रदेश से तीन आ अरुणाचल प्रदेश, मणिपुर अउर गोवा से दू दू गो सीट ला उम्मीदवारन के नाम शामिल बा. एह में अनुसूचित जाति आ जनजाति के छह, चार गो अल्पसंख्यक आ दू गो औरतन के नाम शामिल बा. एह सूची में नरेन्द्र मोदी के नाम नइखे बाकिर सुने में आवत बा कि उनुका के वाराणसी लड़वावल जाई. डा॰ मुरली मनोहर जोशी तब कानपुर से लड़ीहें.
- राजीव गांधी हत्याकांड के कवनो दोषी के रिहाई करे पर सुप्रीम कोर्ट रोक लगा दिहले बावे. कहलसि कि मौत के सजा पवले दोषियन के सजा उमिर कैद में बदलला पर होखे वाला प्रक्रिया तय कइल जाई आ ओकरा बादे कवनो फैसला हो पाई.
- विदेश मंत्री सलमान खुर्शीद नरेन्द्र मोदी के नपुंसक कह दिहले आ ओकरा बाद होखत छीछालेदर देखत राहुल गाँधी कह दिहलन कि एह तरह के बयान के समर्थन ना कइल जा सके. कांग्रेस के लागत बा कि एह तरह के अभद्र बयानबाजी से नरेन्द्रे मोदी के फायदा होखत बा. पिछला दिने चाय बेचेवाला बयान का बाद के हश्र एकर उदाहरण बा.
- छत्तीसगढ़ में 6.5 करोड़ साल पुरान ज्वालामुखी के अवशेष मिलल बा. एकरा अध्ययन का बाद कहल जात बा कि बस्तर के एह इलाका में हीरा के खान मिल सकेला.
- आपसी झगड़ा का बाद बियफे का भोर में १३वीं राष्ट्रीय राइफल के एगो जवान अपना पाँच गो साथियन के गोली मार दिहलसि आ बाद मे अपनो जान दे दिहलसि. घटना गांदरबल जिला के मानसबल झील का नियरा बारम पथर सैन्य शिविर में भइल.
- आ आपा आपन दुसरका सूची जारी कइलसि जवना में राजमोहन गांधी के पूर्वी दिल्ली लोकसभा सीट से उम्मीदवार बनावल गइल बा जहाँ से शीला दीक्षित के बेटा संदीप दीक्षित सांसद हउवन. पहिले कहल जात रहे कि राजमोहन गाँधी के नरेन्द्र मोदी का खिलाफ लड़ावल जाई.
- मशहूर विधिवेत्ता फली एस नरीमन लोकपाल सर्च कमेटी के हिस्सा बने से मना कर दिहलन काहे कि उनका लागत बा कि सरकार के बनावल बहुस्तरीय प्रक्रिया से बढ़िया आदमी के अनदेखी होखी. एहसे एह काम में उ शामिल ना हो सकसु.
0 Comments