नहले पे दहला के विजेता बनले आकाश

by | May 2, 2011 | 5 comments

बक्सर के आकाश काल्हु साँझ महुआ टीवी पर देखावल जा रहल गवनई के रियलिटी शो में इलाहाबाद के कृतिका लाडो के हरा के पहिला पुरस्कार जीत लिहलें. महुआ टीवी पर देखावल गवनई के रियलिटी शो में पहिला बेर कवनो गायक के साफ तौर पर विजेता घोषित कइल गइल. ना त सुर संग्राम के पहिलका संस्करण में मोहन राठौर आ आलोक के संयुक्त रुप से विजेता मान लिहल गइल रहे आ दुनु के पहिला पुरस्कार के पचीस पचीस लाख रुपिया दे दिहल गइल रहे.

सुरसंग्राम के दुसरका संस्करण के फाइनल जब पटना के गाँधी मैदान में होत रहे तब मौजूदा भीड़ का बवाल का चलते कार्यक्रम बीचे में रोक देबे के पड़ल रहे आ आजु ले ओह सुर संग्राम के विजेता के घोषणा नइखे भइल.

नहले पे दहला एह मामिला में सफल मानल जाई कि एकर फाइनल सकुशल संपन्न हो गइल आ विजेता के एलानो हो गइल. अलग बाति बा कि कई लोग के समुझ में ना आ पावल कि आकाश के विजेता कइसे बना दिहल गइल. एक बात जवन अउर खटकल ऊ रहे मनोज तिवारी, पवन सिंह, आ कल्पना के गैर मौजूदगी. जे लोग एह शो के शुरु से ले के आखिर ले जुटल रहल ओह लोग के फाइनल में गैर मौजूदगी खटके वाली बात बा. अँजोरिया का तरफ से मनोज तिवारी आ कल्पना से संपर्क करे के कोशिश कइल गइल बाकिर जब ऊ लोग फोने ना उठावल त मान लिहल गइल कि ओह लोग के कुछ कहे के नइखे. महुआ टीवी के जनसंपर्क अधिकारीओ एह बात के समुचित जबाब ना दिहलें.

दुख एह बाति के बा कि अँजोरिया के बहुते पाठक पता ना कवना कारण महुआ टीवी के कार्यक्रम से अजोरिया के जोड़ लेले. हम हमेशा कहले बानी कि महुआ टीवी से अँजोरिया के कवनो तरह के कवनो संबंध नइखे आ जिनका महुआ के कवनो कार्यक्रम में भाग लेबे के होखे से सीधे महुआ टीवी वालन से संपर्क करें, अँजोरिया से ना.

खैर बाति तनी बहक गइल. फेर से नहले पे दहला के फाइनल पर लवटत बानी, संतोष के बाति रहल कि भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल संगीतकार धनंजय मिश्रा एह शो के सबले सुरीला आबाज के पुरस्कार आर्यनन्दिनी के दिहलें. हम संगीत के कवनो जानकार ना हईं बाकिर सुने में हमरा हमेशा आर्यनन्दिनी के गवनई के आवाज आ अन्दाज दुनु बढ़िया लागल रहे. अँजोरिया का तरफ से आर्यनन्दिनी के बहुते शुभकामना.

Loading

5 Comments

  1. sanjay yadav

    आर्यनंन्दिनी से बेहतर त कोइ के आवाज ना रहे ! पर जज लोग आर्यनंन्दिनी से अउर का अपेक्षा चाहत रहले ई हमरे समझ में ना आवत बाय ??????????????!

    पर ज्यादा सोचलो बुरा लगत बाय काहें की जज के रूप में एक से बढ़ी के एक धुरंधर के उपस्थिति में विजेता का फैसला कईल गईल !

  2. BABU NIRAJ

    हमरा के ई बात के दुःख बा कि आर्यानन्दिनी ई शो के विजेता न बन पईली । हम शुरू से उनकर फैन हईँ।

  3. arun kumar munna

    thik hai jo accha hoga use jaroor mauka milega.

  4. amritanshuom

    ख़ुशी त एह बात के बा की नहले पे दहला जइसे-तइसे सफल हो गइल .भले जीत के सेहरा आकाश के माथे बनधाईल बा.बाकिर सबसे बड़ा विजेता त आर्यनन्दिनी बाड़ी . जहाँ एक ओर कल्पना ,मनोज तिवारी ,पवन सिंह लोगन के न रहला से कार्यकर्म फीका -फीका लगत रहे उहें दोसरा ओर गोपाल राय के नाचल -गावल बनावटी लागल .
    ओ.पी.अमृतांशु

  5. manoj srivastava

    आर्यनंदनी के गवनई में बड़ा दम बा.

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up