मंगल का दिने राज्यसभा से किशोर न्याय कानून में संशोधन करे के मंजूरी मिल गइल. एकरा साथ ही अब से निर्भया जइसन मामिला में नाबालिगो अपराधी के बालिग मानल जा सकी. एकर फैसला हालांकि किशोर न्याय बोर्ड करी कि बलात्कार कवना मंशा से कइल गइल रहुवे.
राज्यसभा में विपक्ष एकरा के माने के तइयार ना लउकत रहे आ एकरा से सेलेक्ट कमिटि का लगे ठीक से सोचे विचारे खातिर भिजवावल चाहत रहे. बाकिर जनमत के दबाव में राज्यसभा से संशोधन विधेयक पारित हो गइल. अलग बात बा कि निर्भया के अपराधी अब ले छूट चुकल बा आ आम समाज के मालूम नइखे कि ऊ कवन हवे आ हमहने का बीच में कतहीं कवनो कारोबार करत भेटा सकेला.
वोट बैंक का फेर में दिल्ली सरकार ओह अपराधी के बाकायदा धन आ मशीनरी मुहैया करावे के एलान कइले बिया जवना से ऊ आपन रोजी रोजगार चला सको.
0 Comments