बिहार के खबर

by | Dec 1, 2011 | 0 comments

(बियफे, 1 दिसंबर)

  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि बिहार में खुदरा रिटेल में विदेशी निवेश के मंजूरी ना दिहल जाई.
  • बिहार में भारत बंद के असर मिलल जुलल रहल. आजु खुदरा रिटेल में विदेशी निवेश के खिलाफ भारत बंद के गोहार सगरी विपक्ष लगवले रहुवे.
  • पूर्वी चंपारण के विष्णुपुर गाँव से एगो नक्सली विजय प्रसाद के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • पश्चिमी चंपारण के निरभईया गाँव का नियरा चंडौल निवासी जनक यादव के कुछ अपराधी हत्या कर दिहलें,
  • मधुबनी जिला के लोकहा विधानसभा सीट खातिर भइल उपचुनाव में काल्हु पचपन फीसदी मतदान भइल. कतहीं कवनो अप्रिय घटना ना घटल. वोट के गिनती चार दिसंबर के करावल जाई.
  • आजु से जाति आय आ आवास के प्रमाण पत्र बनावे खातिर आनलाइन आवेदन सुविधा शुरू हो जाई. आवेदक कवनो साइबर कैफे भा बसुधा केन्द्र में जा के आपन आवेदन आनलाइन जमा करा सकीहें.
  • विधानसभा के शीतकालीन सत्र काल्हु से शुरू होखी. एह सत्र में साल एगारह बारह के दुसरका अनुपूरक व्यय विवरणी पेश कइल जाई आ कुछ विधेयक प्रस्तुत कइल जाई.
  • छपरा के भिखारी ठाकुर चौक पर काल्हु एगो डम्पर का चोट से तेलपा गाँव के मोगली राय के मौत हो गइल जवना का बाद गाँव के लोग लाश रख के घंटनो छपरा पटना मुख्य सड़क जाम कइल.
  • बेतिया छावनी मार्ग पर एगो सड़क दुर्घटना में एगो लड़िका वतन कुमार के मौत हो गइल.
  • सिवान जिला अदालत टुनटुन प्रसाद के चार साल के सश्रम जेल के सजा सुनवलसि. टुनटुन अपना बाप के हत्या कर दिहले रहुवे.
  • जयपुर से अगवा भइल एगो युवक के सासाराम स्टेशन से पुलिस बरामद कर लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up