बिहार के खबर

by | Sep 12, 2011 | 0 comments

(सोमार 12 सितम्बर)

  • भारत में नेपाली माओवादियन के सजा मिलला पर नेपाल में हलचल हो गइल बा. पिछला हफ्ता पटना उच्च न्यायालय नेपाल के पूर्व माओवादी मंत्री समेत छह गो सांसदन आ पार्टी के बड़का पदाधिकारियन के उनुका गैरमौजूदगी में दू से छह साल के सजा सुनवलसि आ सात लाख भारतीय रुपिया के जुर्माना तक लगा दिहलसि. अब माओवादी नेता नेपाल के प्रधानमंत्री से एह मामिला में जबाब माँगत बाड़े. मामिला ई ह कि माओवादियन के 10 साल ले चलल ‘जनयुद्ध’ का दौरान बहुते माओवादी नेताओं भारत में शरण लिहले रहले. ओही में से एगारह गो माओवादियन के बिहार पुलिस एगो होटल से गिरफ्तार कइले रहे. बाद में जब नेपाल में माओवादी सरकार बनल त ओह सरकार के कहना पर भारत में बंदी नेपाली माओवादियन के रिहा कर दिहल गइल रहे. बाकिर बिहार में गिरफ्तार एह नेतवन पर भारत का संप्रभुता के नुकसान करे वाला काम करे के मुकदमा में ई सजा सुनावल गइल बा.
  • जयपुर के राजस्थान कॉलेज ऑफ इंजीनियरिंग फॉर वुमेन के छात्रा सौम्या, जे पटना के रहल, के संदेह उपजावत हालात में मरला का बाद घर वाले मामिला के सीबीआई से जाँच करवावे के माँग कइले बाड़े.
  • गया जिला के अनुग्रह नारायण मेडिकल कॉलेज अस्पताल में एंसेफ्लाइटिस से बचवन के मौत के सिलसिला जारी बा.
  • रोहतास जिला में शनिचर का दिने पुलिस हिरासत भइल की मौत का बाद थाना प्रभारी समेत तीन गो सिपाहियन के निलंबित कर दिहल गइल बा.
  • सोन नदी में शनिचर के अचानक आइल बाढ़ में फंसल 600 लोग के सासाराम में सुरक्षित निकाल लिहल गइल बा. बचाव आ राहत के काम जारी बा.
  • सारण जिला के मांझी आ दाउदपुर थाना के सीमा का लगे ताजपुर-एकमा सड़क का किनारे छनवा गांव का लगे दू गो नवजवानन के लाश मिलल बा. पुलिस के कहना बा कि कहीं दोसरा जगहा गला दबा के मार दिहला का बाद लाश एहिजा फेंकल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up