भउजी हो! भोज देबेे आ भोजन करावेे मेें का फरक होला ?

by | Jul 6, 2024 | 0 comments


भउजी हो!

का बबुआ ?

भोज देबेे आ भोजन करावेे मेें का फरक होला ?

उहे जवन बीमा आ मुआवजा मेें होला !

का भउजी, ई कवन जवाब ह ? ई त उहेे हो गइल कि केहू से पूछल जाव कि तोहार घर कहवां बा आ ऊ कहे कि चौक का सोझा. आ जब पूछल जाव कि चौक कहाँ बा त कह देव कि हमरा घर का सोझा !

ऐ बबुआ, रउरा के हम तहिया सेे देखत बानी जब राउर मोछो ना निकलल रहुवेे.अब त मोंछ पाक गइल बाकिर राउर बालक बुद्धी ना गइल अबहीं लेे !

भउजी तू हर बात केे बतंगड़ काहेे बना देलू ?

एहसे कि रउरा बतंगड़ के बात निकाल देनी. रउरा हमरा से भोज देबे आ भोजन करावे केे फरक पूछे नइखीं आइल. रउरा हमरा से पूछल चाहत बानी कि बीमा आ मुआवजा मेें का अन्तर होला.

चलऽ त एकरेे जबाब दे दऽ.

उहे जवन भोज देबेे आ भोजन करावेे मेें होला !

हँ त बिना ई बतवले कि बीमा आ मुआवजा में का फरक होला तू सीधे हमरा के इहे बता दऽ कि भोज देबे आ भोजन करावेे मेें का फरक होला.

जब हम रउरा केे रसोई में बना केे सोझा बइठा के भोजन कराईं त ऊ भोजन होला. आ जब हम रसोईया राखि के भोजन कराईं त ऊ भोज करावल हो जाला. भोजन करावेे खातिर ना त कवनो आयोजन होला ना प्रयोजन. बाकिर भोज देबेे का पीछेे प्रयोजनो होला आ आयोजनो ! दूनु में हमरेे खरचा होला आ दुनू से राउरो पेेट भर जाला. छूरी खरबूजा पर गिरेे भा खरबूजा छूरी पर कटी त खरबूजे नू.
अब सरकार अपना कर्मचारी के कवनो वारदात मेें मुअला पर मुआवजा देव भा एकरा खातिर ओकर बीमा करा देेव, बतिया त एकही बा कि ओह कर्मचारी के घर परिवार केे परवरिश पहिलहीं जइसन होत रहो. दुनू में सरकारेे का खजाना से खरचा जाला. फरक होला त बस ईहे कि मुआवजा देबेे मेें सरकारी फाइलन के आवाजाही में मामिला अझूरा सकेला बाकिर बीमा करवला में अइसन ना होखेे. दू फरीक का मामिला में तिसरका के पंच बनवला के फायदा इहे होला कि ओह पंच के दुनू फरीक पंच मार सकेेलेें अगर कवनो गड़बड़ी भइल त!

चलऽ भउजी बूझा गइल भोजन करावेे आ भोज देबे केे फरक.

बाकिर उनुका केे त हमहूं ना बुझा सकब कि बीमा आ मुआवजा मेे का फरक होला. ई मोदी जानसु भा उनुकर आइटी सेेल वालेे. भोजपुरी में अइसहीं ना कहाव कि बुड़बक बुझावे से मरद !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up