भाजपा में घुसे खातिर दलबदलुअन के दौड

Lotus-symbolलखनऊ 05 जनवरी (वार्ता) लोकसभा चुनाव नजदीक आवत देख दलबदलू नेता अपना ला नया आ सुरक्षित ठिकान खोजल शुरु क दिहले बाड़े. एही चलते भाजपा के पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के यूपी में सफल रैली देखि देखि के एह तरफ अधिका नेतवन के रुझान बन गइल बा.

एह दलबदलू नेतवन में कुछ दागिओ नेता बाड़े जिनका के पार्टी कार्यालय में घूमत देख कार्यकर्ताओ अनसा जात बाड़े बाकिर एह नेतवन का माथ प पार्टी के बड़का नेतवन के हाथ देख चुपा जात बाड़े.

बसपा नेता आ मंत्री रहल बाबू सिंह कुशवाहा के नजदीकी रहल विधान पार्षद राम चन्द्र प्रधान के एह घरी भाजपा कार्यालय में देखल जा रहल बा. उनकर मेहरारू अनीता प्रधान उन्नाव सीट से टिकट मांगत बाड़ी. बतावल जात बा कि भाजपा महासचिव आ प्रदेश प्रभारी अमित शाह कुछ दिन पहिले एगो बइठक का बीच उठ के रामचन्द्र प्रधान से एकन्ता में बीस मिनट ले बतियवले रहले. हालांकि ओही बइठक में कहल गइल रहे कि दलबदलूअन मे पार्टी मे मत लीहल जाव.

भाजपा प्रदेश कार्यालय मे मंत्री रहल फागू चौहानो खूब लउकत बाड़े, फागू भाजपा सरकार में मंत्री रहले बाकिर बाद में मौका देख बसपा में भस गइल रहले आ मायावती सरकार में मंत्रीओ बनल रहले, पिछला विधान सभा चुनाव मे बसपा के टिकट पर घोसी सीट से चुनाव हार गइल रहले. अब उ लोकसभा चुनाव लडल चाहत बाड़े,

कैसरगंज से सपा सांसद ब्रजभूषण शरण सिंह कहले बाड़न कि अबकी सपा से चुनाव ना लड़ीहें. कहल जात बा कि उहो भाजपा से चुनाव लड़ल चाहत बाड़े, नरेन्द्र मोदी के बहराइच रैली मे उनका बेटा प्रतीक भूषण सिंह के गाड़ियन के काफिला के चरचा सभका जुबान पर रहुवे. प्रतीक सैकड़न गाड़ियन साथे ओह रैली में शामिल भइल रहले. बतावल जात बा कि भाजपा हाईकमान से ब्रजभूषण शरण सिंह के हरियर झण्डी मिल गइल बा आ अब खाली पार्टी में आवे के दिखावा बाकी बा.

Loading

Leave a Reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up